टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पटरी पार करत घरी ट्रेन के चपेट में आइल ई-रिक्शा चालक, मउका पs मउत

12:57 PM Feb 14, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

हरियाणा के जिंद जिला में रेल पटरी पार करत एगो ई-रिक्शा के ट्रेन से टकरा के एगो रिक्शा चालक के मौका पs मउत हो गइल।सरकारी रेल पुलिस मरेवाला के लाश के पोस्टमार्टम के परिवार के लोग के सौंप देलस। रेल पुलिस मरेवाला ई-रिक्शा चालक के खिलाफ मुकदमा दर्ज करवलस।

बीकानेर जात  ट्रेन से टकराईल ईs रिक्शा चालक

रेल पुलिस मंगल के दिने कहलस कि अपराही मोहल्ला निवासी 22 बरीस के शौकीन सोमार के रात अपना ई-रिक्शा से लोको कालोनी के लगे दिल्ली-भठिंडा रेल लाइन के पटरी पार करत रहुवे जवना के दौरान उनुकर रिक्शा जात ट्रेन से टकरा गइल। दिल्ली से बीकानेर जात रहे ट्रेन। उs यात्री के छोड़ के लवटत रहले, रेलवे के गेट बंद होखला के बाद भी उनुका के ट्रेन के टक्कर मार दिहलस। रेल पुलिस के मुताबिक ट्रेन के चपेट में आके चालक के मौका पs मउत हो गईल।

मरेवाला के खिलाफ मामिला दर्ज

रेलवे स्टेशन पुलिस लाश के पोस्टमार्टम कs के परिवार के लोग के सौंप देले बिया। रेलवे स्टेशन के जांच अधिकारी विनोद बतवले कि मरेवाला ई-रिक्शा चालक के खिलाफ मामिला दर्ज हो गईल बा अवुरी फिलहाल मामिला के जांच होखता।

 

 

 

Tags :
HARYANAjindRailway Track
Advertisement
Next Article