Jharkhand Election: पहिला चरण के 43 सीटन पs 2019 से जादे मतदान, जानीं कवना सीट पs केतना वोटिंग भइल
झारखंड में विधानसभा चुनाव के पहिला चरण के मतदान बुध के शांतिपूर्वक संपन्न हो गइल। पहिला दौर में प्रदेश के 15 जिलन के 43 विधानसभा सीटन पs सांझ पांच बजे तक वोटिंग करावल गइल। सांझ साढ़े सात बजे तक के आंकड़ा के अनुसार 43 सीटन पs 65.27% मतदान दर्ज कइल गइल बा। पहिला चरण में बुध के जहां चुनाव भइल बा, उहां 2019 में 63.75% मतदान भइल रहे। माने सुरुआती आंकड़न से पता चल रहल बा कि पहिला चरण के एह 43 सीटन पs 2019 के मुकाबले एक फीसदी से जादे मतदान भइल बा। चुनाव आयोग के तरफ से अंतिम आंकड़ा जारी होखला पs मतदान प्रतिशत आ जादे हो सकत बा।
पहिला चरण के मतदान के संगही एह चरण में उतरल सब 683 उम्मीदवारन के किस्मत ईवीएम में कैद हो गइल। पूर्व मुख्यमंत्री चंपई सोरेन, स्वास्थ्य मंत्री बन्ना गुप्ता, राज्यसभा सांसद महुआ माजी, पूर्व मुख्यमंत्री मधु कोड़ा के पत्नी गीता कोड़ा आ पूर्व मुख्यमंत्री रघुबर दास के बहू पूर्णिमा दास जइसन चर्चित चेहरन के सियासी भाग्य के फैसला ईवीएम में कैद हो गइल बा।
पहिला दौर में कुल 43 सीटन में से सबसे जादे छव सीट पूर्वी सिंहभूम जिला में रहल। एकरा बाद पलामू, पश्चिमी सिंहभूम आ रांची जिला के पांच-पांच विधानसभा सीट रहल, जहां बुध के मतदान भइल। सबसे कम एक-एक सीट कोडरमा आ रामगढ़ जिला के रहल।
आईं जानल जाव कि पहिला चरण के 43 सीटन पs कहां केतना मतदान भइल? 2019 में एह सीटन पs केतना वोटिंग भइल रहे?