टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अमित शाह आ जेपी नड्डा CM योगी संगे कइले मीटिंग, भइल खास मुद्दा पs चर्चा

08:56 AM Feb 25, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

भारतीय जनता पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा आ केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह शनिचर के दिने उत्तर प्रदेश भाजपा के कोर ग्रुप नेता लोग से भेंट कइलन। नई दिल्ली के भाजपा मुख्यालय में भईल ए बैठक में उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ, उत्तर प्रदेश के दुनो उपमुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य अवुरी ब्रजेश पाठक, प्रदेश अध्यक्ष भूपेंद्र चौधरी अवुरी प्रदेश संगठन के महासचिव धर्मपाल समेत बहुत नेता मौजूद रहले। सूत्र के मुताबिक नड्डा अवुरी शाह उत्तर प्रदेश में होखे वाला लोकसभा चुनाव के तैयारी के समीक्षा कईले।

बैठक में ए 14 सीट पs विशेष चर्चा भईल

सूत्र के मुताबिक एs बैठक में मैनपुरी अवुरी रायबरेली समेत उत्तर प्रदेश में खोवल 14 लोकसभा सीट पs खास तौर पs चर्चा भईल। दरअसल भाजपा देश भर के 160 लोकसभा सीट के अपना खातीर कमजोर मानत बहुत दिन से विशेष तैयारी करतिया। अब पार्टी राज्यवार एs खोवल सीट पs चर्चा शुरू कs देले बिया अवुरी एकरा तहत शनिचर के शाह अवुरी नड्डा उत्तर प्रदेश के भाजपा नेता से मुलाकात कईले। बता दीं कि राज्य में 2019 के लोकसभा चुनाव में भाजपा 62 सीट आ ओकर सहयोगी अपना दल (स) 2 सीट जीतले रहे।

बाद में भाजपा सपा से 2 गो सीट छीन लिहलस

बाद में भाजपा उपचुनाव में सपा से आजमगढ़ आ रामपुर लोकसभा के सीट छीन लिहलस। बता दीं कि उत्तर प्रदेश के 14 गो लोकसभा सीट अबहियो विपक्षी दलन के नियंत्रण में बा आ शनिचर के बइठक में एह 14 गो सीट पs खास चरचा भइल. बतावल जाता कि ए बैठक में उत्तर प्रदेश में होखे वाला एमएलसी चुनाव पs भी चर्चा भईल। पिछला दू गो लोकसभा चुनाव में भारतीय जनता पार्टी यूपी में शानदार प्रदर्शन कइले बिया आ पार्टी के नेता लोग के उमेद बा कि अबकी बेर केसर पार्टी राज्य में पहिले के सगरी रिकार्ड तूड़ दी।

 

 

 

 

 

 

 

Tags :
Amit shahBjpElection 2024lok sabha electionLok Sabha Election 2024
Advertisement
Next Article