For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

JPU मे स्नातक पार्ट थर्ड के परीक्षा तारीखन के जारी: 16 से 26 नवंबर तक चली परीक्षा, दु साल लेट चल रहल बा सेशन

11:02 AM Oct 29, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
jpu मे स्नातक पार्ट थर्ड के परीक्षा तारीखन के जारी  16 से 26 नवंबर तक चली परीक्षा  दु साल लेट चल रहल बा सेशन
Advertisement

छपरा। जय प्रकाश विश्वविद्यालय के स्नातक पार्ट थर्ड सत्र 2020-23 फाइनल ईयर के परीक्षा के शेड्यूल जारी कs दिहल गइल बा। ई परीक्षा 16 नवंबर से सुरू होई। 16 से 25 नवंबर तक स्नातक ऑनर्स के मुख्य विषयन के परीक्षा आयोजित कइल जाई। एकरा बाद 26 नवंबर के जनरल एनवायरमेंटल स्टडीज विषय के परीक्षा होई। जवना के लेके विश्वविद्यालय के ओर से सब तरे के तइयारी सुरू कs दिहल गइल रहे। त्योहार के बंदी के बाद मिशन मूड पs सब कर्मचारी परीक्षा के आयोजित करावे में जुट जाई। सत्र 2020-23 दु बरिस लेट चल रहल बा।

Advertisement

दु पाली में लिहल जाई परीक्षा

परीक्षा के नोटिफिकेशन जारी कइला के बाद सब कॉलेज के प्राचार्य के एकर जानकारी भेज दिहल गइल बा। ओहिजा, सूचना पट्ट पs परीक्षा के विस्तृत कार्यक्रम प्रकाशित करे के निरदेस दिहल गइल बा। परीक्षा नियंत्रक बतवलें कि फाइनल ईयर के परीक्षा दु पालियन में आयोजित होई। पहिला पाली सबेरे नव बजे से दुपहरिया 12 बजे तक जबकि दूसरका पाली दुपहरिया 1:15 से सांझ 4:15 बजे तक होई।

ओहिजा, जनरल एनवायरमेंटल स्टडीज विषय के परीक्षा के दु पालियन में आयोजित कइल जाई। जेपी यूनिवर्सिटी के लेट चल रहल सब सत्रन के नियमित करे के कवायद तेज कs दिहल गइल बा। पेंडिंग पड़ल सब परीक्षा के मिशन मूड में आयोजित करे के लेके परीक्षा विभाग के ओर से तइयारी सुरू कs दिहल गइल बा। जेपी यूनिवर्सिटी अपना लेट लतीफ सेशन खातिर हमेसा से चरचा के विषय बनल रहेला।

Tags :
Advertisement