For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

25 जुलाई: पहिला टेस्ट ट्यूब के बच्चा के जनम भइल, जानी अउरी का खास बा आज के इतिहास में

08:29 AM Jul 25, 2024 IST | Khabar Editor
25 जुलाई  पहिला टेस्ट ट्यूब के बच्चा के जनम भइल  जानी अउरी का खास बा आज के इतिहास में
Advertisement

दुनिया के पहिला आईवीएफ बच्चा लुईस ब्राउन के जन्म इंग्लैंड के ओल्डहम में 1978 में भइल रहे। करीब ढाई किलो वजन के लुईस ब्राउन के जन्म आधा रात के बाद सरकारी अस्पताल में भइल रहे। ई सिस्टम दुनिया भर के निःसंतान जोड़ा खातिर वरदान साबित भइल आ जइसे-जइसे लुई के जनम के खबर फइलल, अकेले ब्रिटेन से लगभग 5000 जोड़ा एह नया सिस्टम के माध्यम से संतान पैदा करे के इच्छा जतवले।

Advertisement

विज्ञान के एगो बड़ उपलब्धि दुनिया के इतिहास में 25 जुलाई के तारीख के दर्ज बा। दरअसल, एही दिन पहिला टेस्ट ट्यूब के बच्चा के जन्म भइल। दुनिया के पहिला आईवीएफ बच्चा लुईस ब्राउन के जन्म इंग्लैंड के ओल्डहम में 1978 में भइल रहे। करीब ढाई किलो वजन के लुईस ब्राउन के जन्म आधा रात के बाद सरकारी अस्पताल में भइल रहे। ई सिस्टम दुनिया भर के निःसंतान जोड़ा खातिर वरदान साबित भइल आ जइसे-जइसे लुई के जनम के खबर फइलल, अकेले ब्रिटेन से लगभग 5000 जोड़ा एह नया सिस्टम के माध्यम से संतान पैदा करे के इच्छा जतवले। आज ई तरीका भारत समेत पूरा दुनिया में प्रचलित बा आ रोज हजारों महिला एकरा माध्यम से गर्भधारण कs रहल बाड़ी।

देश आ दुनिया के इतिहास में आज के तारीख के दर्ज अन्य घटना के क्रमिक विवरण निम्नलिखित बा...

  •  1689 : फ्रांस इंग्लैंड के खिलाफ युद्ध के घोषणा कइलस।
  •  1813 : भारत में पहिला बेर कलकत्ता में नाव दौड़ प्रतियोगिता के आयोजन भइल ।
  •  1837 : इलेक्ट्रिक टेलीग्राफ के इस्तेमाल के पहिला सफल प्रदर्शन भइल।
  •  1854 : वाल्टर हंट के पहिला पेपर शर्ट कॉलर के अमेरिकी पेटेंट मिलल।
  •  1943 : इटली के तानाशाह बेनिटो मुसोलिनी सत्ता छोड़ दिहलें, एकरे बाद राजा विक्टर इमैनुएल मार्शल पिएत्रो बाडोग्लिओ के नयका प्रधानमंत्री बनवलें।
  •  1948 : आस्ट्रेलियाई क्रिकेट टीम भारतीय टीम के खिलाफ टेस्ट क्रिकेट में सबसे बड़ लक्ष्य हासिल क के एगो रिकार्ड बनवलस।
  •  1963 : अमेरिका, रूस आ ब्रिटेन परमाणु परीक्षण प्रतिबंध संधि पर हस्ताक्षर कइलें।
  •  1978 : दुनिया के पहिला आईवीएफ बच्चा लुई ब्राउन के जन्म इंग्लैंड के ओल्डहम में भइल।
  •  1994 : जॉर्डन आ इजरायल के बीच 46 साल से चलल युद्ध खतम हो गइल।
  •  2000 : एयर फ्रांस कॉनकॉर्ड के एगो विमान टेकऑफ के दौरान दुर्घटनाग्रस्त होके एगो होटल पर गिर गइल। ए दुर्घटना में 109 विमान यात्री के अलावे होटल में मौजूद 4 लोग के जान भी चल गइल।
  •  2007 : प्रतिभा देवीसिंह पाटिल भारत के पहिला महिला राष्ट्रपति के रूप में शपथ लिहली।
Tags :
Advertisement