For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

5 जून: भारत में ऑपरेशन ब्लू स्टार के शुरुआत के दिन, जानी देश दुनियां के आज के इतिहास पूरा खबर में

08:29 AM Jun 05, 2024 IST | Raj Nandani
5 जून  भारत में ऑपरेशन ब्लू स्टार के शुरुआत के दिन  जानी देश दुनियां के आज के इतिहास पूरा खबर में
Advertisement

देश आ दुनिया के इतिहास में 5 जून के तारीख के दर्ज अउरी महत्वपूर्ण घटना के क्रमिक विवरण निम्नलिखित बा...

Advertisement

जून के पहिला हफ्ता आ उहो 5 जून के दिन देश के सिख लोग के दिल दिमाग में एगो दुखद घटना दर्ज बा। अमृतसर के स्वर्ण मंदिर परिसर में आज के दिने भारतीय सेना घुस गइल रहे , सिख लोग के एह सबसे पूज्य स्थल पs सेना के ऑपरेशन के नाम ऑपरेशन ब्लू स्टार रखल गइल| दरअसल देश के पूर्व प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी देश के सबसे खुशहाल राज्य पंजाब के उग्रवाद के दंश से मुक्त कइल चाहत रहली, एहीसे ऊ ई कड़ा कदम उठवली आ खालिस्तान के मजबूत समर्थक जरनैल सिंह भिंडरावाले के खतम करे के फैसला कइली। सिख आस्था के सबसे पवित्र स्थान एकरा के आतंकवादियन से मुक्त करावे खातिर ई अभियान शुरू कइल गइल रहे। पूरा सिख समुदाय एकरा के हरमंदिर साहब के बेअदबी मनलख आ इंदिरा गांधी के एह कदम के कीमत चुकावे के पड़ल कि उनका अपना सिख अंगरक्षक के हाथे आपन जान गँवावे के पड़ल।

जानी अलगा-अलगा साल में 5 जून के इतिहास 

  •  1659 ; मुगल शासक औरंगजेब आधिकारिक तौर पर दिल्ली के गद्दी पर बइठल ।
  •  1944 ; रोम पर मित्र राष्ट्रन के सेना कब्जा कर लिहलस । जर्मनी, इटली आ जापान के नाजी तिकड़ी वाला देस सब में रोम पहिला शहर रहल जवन दुसरा बिस्व जुद्ध में मित्र देस सब के सेना द्वारा कब्जा गइल रहे।
  •  1953 ; डेनमार्क में एह दिन नया संविधान लागू भइल ।
  •  1967 ; इजरायल मिस्र पर हमला कइलस आ ओकर करीब चार सौ लड़ाकू विमानन के नष्ट कर दिहलस ।
  •  1968 ; अमेरिकी शहर लॉस एंजिल्स के एगो होटल में मशहूर अमेरिकी सांसद रॉबर्ट कैनेडी पर जानलेवा हमला । हमलावर के तुरंत पकड़ लिहल गइल आ ओकरा के उम्रकैद के सजा सुनावल गइल। ऊ फिलिस्तीनी मूल के रहले आ कहले कि ऊ अपना देश खातीर इ कदम उठवले रहे।
  •  1984 ; पंजाब के अमृतसर में सिख धार्मिक स्थल गोल्डन टेम्पल में भारतीय सेना ऑपरेशन ब्लू-स्टार कइलस।।
  •  1990 ; सोवियत संघ के आखिरी राष्ट्रपति मिखाइल गोर्बाचोव के नोबेल शांति पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल ।
  •  2013 ; अमेरिकी जासूस स्नोडेन खुलासा कइलन कि देश के राष्ट्रीय सुरक्षा एजेंसी लाखन लोग के फोन रिकार्ड एकट्ठा करत बिया ।
Tags :
Advertisement