टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

कजरी: यायावरी वाया भोजपुरी पs रिलीज भइल, पारंपरिक कजरी गीत ”बरसन लागे 'कजरी' ”

10:39 AM Aug 12, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

कजरी पूर्वी उत्तर प्रदेश के प्रसिद्ध लोकगीत हs। इs सावन के महीना में गावल जाला। एह में श्रृंगार रस के प्रधानता होला। सावन के महीना आवते हर जगह हरियाली छा जाला, झूला पड़े लागेला आ एह खास मौका पs गावल गीत के कजरी लोकगीत कहल जाला।

भोजपुरी भाषा आ साहित्य खातिर समर्पित संस्था “यायावरी वाया भोजपुरी” के यूट्यूब चैनल पs काल्ह अतवार के परंपरागत कजरी गीत ” बरसन लागे कजरी” रिलीज भइल हs।

मधुर आवाज से सजल इs गीत

“यायावरी वाया भोजपुरी” द्वारा भोजपुरी परंपरागत कजरी गीत “शालिनी आ श्रेया दुबे” के आवाज से सजल बा, इन लोगन के 'दुबे सिस्टर' के नाम से भी जानल जाला. म्यूजिक प्रोडक्शन के जिम्मा 'आरसी प्रोडक्शन' के सुशांत देव आ रवि शंकर विश्वकर्मा उठवले बाडन। फिल्मांकन के जिम्मा " वन शॉट फिल्म्स" के टीम निभवले बिया जेमे सुमित तिवारी, सुधांशु आ पिंटू प्रमुख बाड़े। एह पारम्परिक गीत में ‘इशिता, प्रियंका, वैभवी आ जानवी अभिनय कइले बाड़ी लो।

कजरी गीत आ गइल बा, जरूर सुनीं सभे… पसन आवे तs शेयर करीं…

बता दीं कि भोजपुरी के पहिला स्टोरी टेलिंग ऐप “यायावरी वाया भोजपुरी” अपना ऐप पs देस-बिदेस के कहानियन के सुनावे खातिर जानल जाला। एकरा संगे यूट्यूब चैनल पs हर महीना पारंपरिक, लोक संस्कृति आ भक्ति रस से भरल गीतन के निर्माण कs के यूट्यूब चैनल के माध्यम से आम जनता ले पहुंचावे के काम संस्था द्वारा कइल जाला।

 

 

 

 

Tags :
Aarsy ProductionsBanarasBanarasi KajariBarsan Lage Kajari | बरसन लागे कजरी | Shalini dubeyBarsan Lage KajriBhojpuri Folk SongBhojpuri Hit Song 2024Bhojpuri HitsBhojpuri Kajari SongFolk SongKajri geetLokgeetMirzapurReleased on Yayawari Via BhojpuriSawaSawan SongShalini DubeyshitaShreya DubeyShreya dubey Kajari SongThe One Shot Film and Photographythe traditional Kajri song ”Barsan Lage Kajri”traditional songyayawari via bhojpuriबनारसमिर्जापुर
Advertisement
Next Article