टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

कलश यात्रा:भागवत कथा के कलश यात्रा के साथे शुभारंभ

08:09 AM Dec 19, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

बाबा गोरखनाथ के पावन स्थल गोरखपुर में परम पूज्य स्वामी श्री प्रज्ञानंद जी महाराज के सानिध्य में शुरुआत काल्ह श्रीमद् भागवत कथा के कलश यात्रा से भइल। गोविन्द पैलेस, खजाँची चौराहा, मेडिकल कॉलेज रोड से भव्य कलश यात्रा निकालल गइल। इs कलश यात्रा गोविन्द पैलेस के मुख्य सड़क से सुरु भइल आ कली मंदीर होत अपने आयोजन स्थल पs पहुंचल। जहाँ कथा पुर्णाहूति आ गीता जयन्ती महोत्सव के शुभारंभ कइले आ पूजा के बाद कलश के स्थापना भइल। इs कार्यक्रम 18 दिसम्बर से 23 दिसम्बर 2023 ले होई।

Advertisement

भगवान श्री कृष्ण योगपीठ समिति गोरखपुर के ओर से आयोजित परम पूज्य स्वामी प्रज्ञानंद जी महाराज के सानिध्य हो रहल श्रीमद् भागवत गीता जयंती महोत्सव खातिर काल्ह विशाल कलश यात्रा में बैंड बाजा, रथ, सैकड़न गो महिला, लड़कियन आ सम्मानित लोग भाग लेले रहले। गोविंद पैलेस, खजंची चौक मेडिकल कॉलेज रोड, गोरखपुर से शुरू होके आसपास के स्थानीयता के भ्रमण करके वापस कथा स्थल, गोविंद पैलेस पs संपन्न भइल।

 

उक्त कार्यक्रम में विशेष रुप से आयोजन समिति के संरक्षक पुष्प दत्त जैन, अध्यक्ष हरि गोविंद, कार्यक्रम प्रभारी डॉक्टर आशीष श्रीवास्तव, संयोजक सुबोध श्रीवास्तव, कोषाध्यक्ष राधेश्याम श्रीवास्तव, राजेश श्रीवास्तव, महेंद्र सिंह, डाक्टर प्रियंका वर्मा, अशोक कुमार सक्सेना, संजय यादव, अभिषेक श्रीवास्तव, ओम प्रकाश यादव, मनोज पांडे, मुन्ना उपाध्याय, चंदू पासवान, महेंद्र पासवान, डी के सिंह आदि एह पावन यात्रा में भाग लिहले।

 

 

 

 

Tags :
gorakhpur newsGorakhpur News in BhojpuriGovind PalaceKalasha YatraKalasha Yatra in GorakhpurPragyanand Ji MaharajSrimad Bhagavat KathaSrimad Bhagavat Katha in bhojpuri
Advertisement
Next Article