टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Kalki 2898 AD ओटीटी पs कब रिलीज होई ? नेटफ्लिक्स आ अमेजन वालन खातिर गुड न्यूज

11:34 AM Jul 08, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

नाग अश्विन के निर्देशन में बनल मल्टी स्टारर फिलिम ‘कल्की 2898 एडी’ के अबले बॉक्स ऑफिस पs 714 करोड़ रुपिया से अधिका के कमाई भइल बा. अमिताभ बच्चन, प्रभास आ दीपिका पादुकोण जइसन सितारन के अभिनय वाला एह फिलिम के कहानी भविष्य में कई सौ साल ले लिखल गइल बा. एक ओर जहां एs फिल्म के टिकट तुरंत बिकाता, उहें बहुत लोग अयीसन बाड़े जवन कि ओटीटी पs एs फिल्म के आवे के इंतजार करतारे। हालही में खबर आइल कि एह फिलिम के डिजिटल अधिकार भाषा के हिसाब से अलग अलग प्लेटफार्म पs बेचल जाई. बाकिर अब इहो जान लीं कि ई फिलिम कब ओटीटी पs रिलीज होखी.

ओटीटी पs कहाँ रिलीज होई कल्की 2898 एडी?

लगभग 600 करोड़ रुपया के लागत से बनल एह फिलिम के ओटीटी रिलीज के बारे में ईटी लिखले बा कि दर्शक अमेजन प्राइम पs तेलुगु, तमिल, मलयालम आ कन्नड़ में एह फिलिम के देख सकेलें, नेटफ्लिक्स के एह फिलिम के हिंदी आ अंग्रेजी संस्करण के ओटीटी अधिकार खरीदले बा. मतलब कि अगर रउरा एह सिनेमा के हिंदी-अंग्रेजी भा कवनो भाषा में देखे के बा तs रउरा लगे नेटफ्लिक्स भा अमेजन प्राइम वीडियो के सब्सक्राइब होखे के चाहीं.

प्रभास के फिल्म नेटफ्लिक्स पs कब रिलीज होई?

रिपोर्ट के मुताबिक फिल्म के निर्माता लोग जुलाई के अंत ले ओटीटी पs रिलीज करे के योजना बनवले रहले, बाकिर एकर मजबूत कमाई के देखत रणनीति में तनी बदलाव आईल बा। काहे कि फिल्म सिनेमाघरन में बढ़िया चलत बिया आ निर्माता बहुते पइसा छापत बाड़े एहसे एकर ओटीटी रिलीज तनी टार दिहल गइल बा. अब निर्माता ओटीटी प्लेटफार्म के सुझाव देले बाड़े कि सितंबर में कल्की 2898 नेक्स्ट एडी रिलीज होखे के चाही। एह फिलिम के स्ट्रीमिंग लेख सितंबर के दुसरका हफ्ता में नेटफ्लिक्स आ अमेजन पs शुरू कइल जा सकेला.

 

 

Tags :
actoractressamitabh bachchanBollywood newsdeepika padukoneEntertainment NewsfilmKalki 2898 AdPrabhasअमिताभ बच्चनएक्टरएक्ट्रेसएंटरटेनमेंट न्यूजदीपिका पादुकोणप्रभासफिल्मबॉलीवुड न्यूज़
Advertisement
Next Article