For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Kalki एक्टर Amitabh Bachchan फैंस पऽ लुटवलें प्यार, जलसा के बाहर आके बंटले गिफ्ट्स

01:15 PM Jul 08, 2024 IST | Sonu Kishor
kalki एक्टर amitabh bachchan फैंस पऽ लुटवलें प्यार  जलसा के बाहर आके बंटले गिफ्ट्स
Advertisement

ए घरी अमिताभ बच्चन परदा पs अश्वत्थामा के रूप में प्रशंसकन के बीच लोकप्रिय बाड़न जवना के दर्शक बहुते पसंद कर रहल बाड़े। एही बीच बिग बी के एगो वीडियो वायरल हो रहल बा जवना में बिग बी अपना फैंस से मिलत लउकत बाड़े। हर बेर के तरे एह एतवार के दिने शाहेनशाह अपना बंगला जलसा के बाहर प्रशंसकन से भेंट कइलें।

Advertisement

मेगास्टार अमिताभ बच्चन एह घरी फिल्म कल्की 2989 ई. में देखल जा रहल बाड़े. जवन परदा पs सुपरहिट साबित हो रहल बा। अमिताभ एह फिलिम में अश्वत्थामा के किरदार में लउकत बाड़न जवना के दर्शक बहुते पसंद कर रहल बाड़े। पिछला एतवार के बिग बी बेटा अभिषेक बच्चन आ कुछ दोस्तन के साथे एह सिनेमा के पहिला बेर मुंबई के कवनो सिनेमाघर में देखले।

तऽ पिछला एतवार यानी 7 जुलाई के बिग बी खातिर बहुत अद्भुत रहे। हमेशा के तरे एह एतवार के दिने शाहेनशाह अपना बंगला जलसा के बाहर प्रशंसकन से भेंट कइले। अबकी बेर अभिनेता अपना प्रशंसकन के उपहारो बंटलन जवना के जानकारी ऊ अपना ब्लॉग में देले।

इहे हमार पूंजी ह'।

बरिसन से अमिताभ बच्चन के परंपरा चलत बा कि ऊ हर एतवार के अपना घरे जलसा के बहरी अपना प्रशंसकन से मिलेलें आ एह दिन के झलक अपना ब्लॉगो में साझा करेलें। अबकी बेर कुछ अइसने भइल 7 जुलाई के बिग बी आपन कई गो तस्वीर अपना ब्लॉग में पोस्ट कइलें आ एगो नोटो लिखले।

एह में उ कहले कि, 'ई पल बहुत भावुक बा।' हमरा घरे आवे वाला सब लोग के मौजूदगी शब्द से ना बतावल जा सकेला। रउआ सभे के भलाई के साथे आशीर्वाद होखे आ भगवान रउआ सभे के आशीर्वाद देस। इहे हमार पूँजी हऽ, हम हमेशा एकर ख्याल राखब आ एकरा के दिल में जगह देब।

तस्वीरन में देख सकेनी कि उनका हाथ में एगो पैकेट बा जवना के भीतर कुछ लउकत बा. अंदाजा लगावल जा रहल बा कि ई उनकर फिल्म कल्की 2989 ई. के टी-शर्ट हऽ।

अमिताभ बच्चन के आवे वाली फिल्म 

अभिनेता के वर्क फ्रंट के बात करीं त जल्दिए उनकर फिल्म द उमेश क्रॉनिकल्स में देखल जाई। एह फिलिम में इरफान खान के बेटा बबिल खान बिग बी के साथे परदा साझा करीहें। एकरा अलावा रजनीकांत के साथे ‘वट्टियाँ’ में देखे के मिली।

Tags :
Advertisement