For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

कंगना रनौत मंगली माफी, कृषि कानून पऽ लेली यूटर्न

12:29 PM Sep 25, 2024 IST | Sonu Kishor
कंगना रनौत मंगली माफी  कृषि कानून पऽ लेली यूटर्न
कंगना रणौत - फोटो : सोशल मीडिया
Advertisement

बॉलीवुड अभिनेत्री आ भाजपा सांसद कंगना रनौत के तीनों कृषि कानून वापस ले आवे के मांग के बाद विवाद बढ़ता। एही बीच मंडी सांसद अपना बयान खातिर माफी मंगले बाड़ी। कंगना रनौत कहली कि अगर हमार बयान से केहू के ठेस पहुंचल बा तऽ माफी चाहऽतानी आ हम आपन बात वापस ले तानी।

Advertisement

भाजपा सांसद कंगना रनौत मंगर के दिने केंद्र सरकार से तीनों कृषि कानून के फेर से लागू करे के मांग कइले रहली। कंगना के एह बयान के बाद विवाद शुरू हो गइल बा। कंगना के एह बयान के लेके विपक्षी नेता लगातार भाजपा पs हमला करऽ तारे। हालांकि कंगना अपना बयान खातिर माफी मंगले बाड़ी। मंडी सांसद कहली कि कृषि कानून के संबंध में दिहल बयान से केहु के चोट पहुंचल बा तऽ उऽ आपन बात वापस ले ताड़ी।

Tags :
Advertisement