टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

कन्हैया कुमार प पहिले हमला भइल, फेर हमलावर कहलस सबक सिखावल जरूरी बा

11:33 AM May 18, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

कन्हैया कुमार प हमला : ‘इंडिया’ गठबंधन के उम्मीदवार कन्हैया कुमार प शुक्रवार के पूर्वोत्तर दिल्ली में चुनाव प्रचार के दौरान अचानक हमला भइल। माला पहिरावे के बहाने एगो आदमी थप्पड़ मार दिहलस। एकरा अलावे कन्हैया कुमार प स्याही भी फेंकल गइल। एह पूरा घटना के वीडियो सोशल मीडिया पर तेजी से वायरल हो रहल बा। हमला करे वाला आरोपी एगो वीडियो जारी कइले ए काम के सफल बतावत उ लोग कहले कि हमनी के ओ लोग के सबक सिखवले बानी।

Advertisement

रिपोर्ट के मुताबिक इ घटना पूर्वोत्तर दिल्ली के करतार नगर में भइल। बतावल जाता कि जब इ घटना भइल त आम आदमी पार्टी आ ' इंडिया' गठबंधन के कांग्रेस दुनो के नेता उहाँ मौजूद रहले। जसही युवक कन्हैया कुमार के थप्पड़ मरलस, उहाँ खड़ा कांग्रेस समर्थक ओकरा के पकड़ लेले।

Kanhaiya Kumar Attacked: भारतीय सेना के अपमान के बदला लेले

बता दीं कि कांग्रेस नेता कन्हैया कुमार प भइल मारपीट के जिम्मेवारी दु लोग ले लेले बाड़े। सोशल मीडिया पर एगो वीडियो वायरल हो रहल बा जवना में दू गो आदमी, एगो लमहर दाढ़ी वाला आ दोसरका मध्यम दाढ़ी वाला।। कन्हैया कुमार प भइल हमला के जिम्मेवारी लेके दुनो लोग कहले कि हमनी के एगो मिसाल कायम कइले बानी कि जे भी भारतीय सेना के अपमान करी ओकरा संगे अइसने व्यवहार कइल जाई। संगही उ कहले कि देश के टुकड़ा-टुकड़ा करे के बात करेवाला लोग के भी अइसने व्यवहार होई। वीडियो में उ आदमी कहता कि उ कवनो पार्टी के ना ह, ना उ कवनो संगठन के कहला प इ काम कइले बाड़े। हम भारतीय सेना के अपमान के बदला ले लेले बानी। इहे हमनी के आपन भावना ह, अपना देश आ समाज के प्रति।

 कन्हैया कुमार प हमला : कांग्रेस भाजपा प हमलावर के भड़कावे के आरोप लगवलस

कन्हैया कुमार प हमला के बाद कांग्रेस लगातार भाजपा प निशाना बनावतिया। कांग्रेस के नेता के कहनाम बा कि हमलावर भाजपा के कुछ नेता से संबंध बा। उनकर फोटो भाजपा के नेता कार्यकर्ता के संगे भी देखल गइल बा। अइसने में पार्टी के आरोप बा कि इ हमला भाजपा के ओर से भइल।

संगही इहो कहल जा रहल बा कि एह दौरान आम आदमी पार्टी के महिला पार्षद छाया शर्मा के भी बदसलूकी भइल। एकरा के लेके आप के पार्षद भी पुलिस शिकायत दर्ज करवले बाड़े। एह में छाया के कहनाम बा कि ' इंडिया' गठबंधन के मुलाकात शाम के चार बजे के आसपास चलत रहे। फेरु 7-8 लोग ओहिजा आके कन्हैया कुमार के माला बना के थप्पड़ मार दिहलस। उ हमरा चुन्नी के पकड़ के एगो कोना में ले गइले आ हमरा आ हमरा पति के जान से मारे के धमकी देलखा।

Tags :
2024 loksabaha electionAttack on Kanhaiya KumarBhojpuri khabarBjp loksabhacongress loksabahadelhiDelhi newsKanhaiya KumarKhabar Bhojpur NewsKhabar Bhojpuri Newsबड़ी khabar
Advertisement
Next Article