For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

30 साल पुरान सीरियल ब्लास्ट केस में करीम टुंडा बरी : मुंबई-सूरत समेत 5 शहरन में ट्रेन में धमाका भइल रहे; ISI से ट्रेनिंग के बाद लश्कर से जुड़ल रहे 

01:12 PM Feb 29, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
30 साल पुरान सीरियल ब्लास्ट केस में करीम टुंडा बरी   मुंबई सूरत समेत 5 शहरन में ट्रेन में धमाका भइल रहे  isi से ट्रेनिंग के बाद लश्कर से जुड़ल रहे 
Advertisement

1993 में 5 शहरन में भइल सीरियल ब्लास्ट केस में आरोपी अब्दुल करीम टुंडा (80) के बियफे के अजमेर के टाडा कोर्ट बरी कs देले बा। दुगो आतंकवादियन इरफान (70) आ हमीदुद्दीन (44) के उम्रकैद के सजा सुनवले बा।

Advertisement

टुंडा, इरफान आ हमीदुद्दीन के लेके पुलिस बियफे के सबेरे करीब सवा 11 बजे कड़ा सुरक्षा के बीच टाडा कोर्ट पहुंचल। तीनों 6 दिसंबर, 1993 के लखनऊ, कानपुर, हैदराबाद, सूरत आ मुंबई के ट्रेनन में भइल सिलसिलेवार बम धमाका के ममिला में आरोपी रहs सs। 20 साल पहिले 28 फरवरी 2004 के टाडा कोर्ट ने ममिला में 16 अभियुक्तन के उम्रकैद के सजा सुनवले रहे। सुप्रीम कोर्ट चार आरोपियन के बरी कs के बाकी के सजा बरकरार रखले रहे, जवन जयपुर जेल में बंद बा।

Tags :
Advertisement