टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

UP News: बदायूं में करणी सेना के कार्यकर्ता के गोली मारके हत्या, मुख्य आरोपी गिरफ्तार; दु लो फरार

12:15 PM Jan 16, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

उत्तर प्रदेश के बदायूं जिला में एगो सनसनीखेज घटना घटल बा। दातागंज कोतवाली इलाका में सोमार के रात गांव सादुल्लागंज निवासी सुधीर कुमार सिंह (40) के गोली मार के हत्या कs दिहल गईल। सुधीर सिंह करणी आर्मी से जुड़ल रहले। उनकर चचेरा भाई करणी आर्मी के अफसर हउवें। एs घटना से गांव में सनसनी फैल गईल। घटना के जानकारी मिलते पुलिस मौका पs पहुंच के मुख्य आरोपी के गिरफ्तार कs लेलस।

Advertisement

सुधीर कुमार सिंह के भाई राजीव बतवले कि सोमार के रात नन्हे नाम के पड़ोसी उनुका भाई सुधीर के गोली मार देले, जवना से उनुका पेट में लाग गईल। गंभीर रूप से घाही सुधीर के तुरंत जिला अस्पताल पहुंचावल गईल, जहां डॉक्टर उनुका के मृत घोषित कs देले। राजीव के शिकायत पs पुलिस तीन लोग के खिलाफ रिपोर्ट दर्ज कs देले बिया। पुलिस मुख्य आरोपी नन्हे के गिरफ्तार कs लेले बिया।

एसएसपी आलोक प्रियदर्शी कहले कि तीन लोग के खिलाफ रिपोर्ट दर्ज भईल बा। एक आरोपी के गिरफ्तार कs लिहल गईल बा, जबकि दूसरा आरोपी के तलाश जारी बा। शुरुआती जांच में पाता चलल बा कि दुनो लोग के बीच कवनो मुद्दा पs विवाद रहे। एही बीच नन्हे सुधीर के गोली मार देले। जादा खून बहला के चलते उनुकर मउत हो गईल।

 

 

Tags :
budaunCrime Newsup newsUP news in BhojpuriUttar Pradesh
Advertisement
Next Article