For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Kathua Encounter: कठुआ में सुरक्षाबलन आ आतंकवादियन के बीच मुठभेड़ जारी

03:30 PM Sep 29, 2024 IST | Sonu Kishor
kathua encounter  कठुआ में सुरक्षाबलन आ आतंकवादियन के बीच मुठभेड़ जारी
प्रतीकात्मक तस्वीर - फोटो : एजेंसी
Advertisement

कठुआ के बिलवार के कोहाग मंडली इलाका में शनिचर के दुपहरिया से मुठभेड़ शुरू भइल। एगो घर में आतंकी के मौजूदगी के जानकारी पs तलाशी अभियान चलावल गइल। आज सुरक्षा बल एगो आतंकी के मार गिरवले।

Advertisement

जम्मू कश्मीर के कठुआ जिला के एगो दूरदराज के गाँव में एतवार के दिने एगो आतंकी के सुरक्षा बल जारी अभियान में मार गिरवलस। अधिकारी बतवले कि आज दुपहरिया में बिलवार के कोहाग मंडली इलाका में भइल मुठभेड़ स्थल से आतंकी के लाश बरामद भइल बा।  गांव में तलाशी अभियान चल रहल बा।

कठुआ के बिलवार के कोहाग मंडली इलाका में शनिचर के दुपहरिया से मुठभेड़ शुरू भइल। एगो घर में आतंकी के मौजूदगी के जानकारी पs तलाशी अभियान चलावल गइल। एह दौरान जब घेरा कड़ा हो गइल त आतंकी फायरिंग शुरू कऽ देले। शुरुआती गोलीबारी में एगो हेड कांस्टेबल आ एगो सहायक उपनिरीक्षक घायल हो गइले। दुनु जने के निकाल के अस्पताल भेज दिहल गइल। एही बीच हेड कांस्टेबल बशीर अहमद के दम तूड़ देले।

सूत्र के मुताबिक सुरक्षा बल के इलाका में आतंकी के मौजूदगी के जानकारी मिलल रहे। दुपहरिया के करीब बारह बजे सुरक्षा बल मछेड़ी, उज्ज पुल वगैरह इलाकन के घेराबंदी करे लागल। एही बीच सुरक्षा बल आ आतंकी के बीच गोलीबारी के सिलसिला शुरू हो गइल।  एडीजीपी आनंद जैन बतवले कि इलाका में आतंकी के मौजूदगी के जानकारी के आधार पs सुरक्षा बल के ओर से कठुआ के मंडली इलाका के कोहाग में संयुक्त तलाशी अभियान शुरू कइल गइल।

Tags :
Advertisement