टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Kavita Krishnamurthy: यूके एशियन फिल्म फेस्टिवल में सम्मानित भइली कविता, मिलल लाइफटाइम अचीवमेंट अवॉर्ड

08:12 AM May 17, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Kavita Krishnamurthy: 'मिस्टर इंडिया' से लेके 'हम दिल दे चुके सनम' जइसन फिल्मन में अपना आवाज के जादू बिखेर चुकल कविता कृष्णमूर्ति के लंदन में लाइफटाइम अचीवमेंट पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल। ई पुरस्कार लंदन में यूके एशियन फिल्म फेस्टिवल के ओर से संगीत में उनका योगदान खातिर दिहल गइल बा। आई रउआ बताव तानी कविता कृष्णमूर्ति एह पुरस्कार के हासिल कइला के बाद का कहली।

Advertisement

अइसन गाना ना गवनी जवना के सुन के माई शर्मिंदा होखे

कविता कृष्णमूर्ति एक से बढ़ के एक हिट गाना फिल्म इंडस्ट्री के देले बाड़ी। खाली बॉलीवुडे ना बल्कि साउथ फिल्म इंडस्ट्री से लेले शास्त्रीय संगीतो में उऽ आपन एगो अलग पहचान बनवले बाड़ी। कविता कृष्णमूर्ति के आवाज के लाखों दीवाना बाड़े। जब उनका लंदन में लाइफटाइम अचीवमेंट पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल तऽ उऽ पुरनका दिनन के याद करत लउकली। कविता कहली, ' हम हमेशा इहे कोशिश कइनी कि हमार गावल गाना के सुन के हमार माई भा हमार भाई शर्मिंदा ना होखस'।

45 भारतीय भाषा में 50,000 से बेसी गाना

कविता कृष्णमूर्ति पिछलका कई बरिस से संगीत साधना में लागल बाड़ी। मीडिया रिपोर्ट्स की मानल जाव तऽ उऽ अबही ले लगभग 45 भारतीय भाषा में 50,000 से बेसी गाना रिकॉर्ड कइले बाड़ी। जवना अपना आप में एगो बड़ उपलब्धि बा। गायिका के लाइफ टाइम अचीवमेंट के ई पुरस्कार यूकेएएफएफ 2024 के समापन समारोह में दिहल गइल। कविता दुनिया भर में अपना संगीत के कार्यक्रम के माध्यम से भारतीय संगीत के प्रचारित आ प्रसारित कइले बाड़ी।

कविता के प्रतिभा आ समर्पण के सम्मान 

कविता कृष्णमूर्ति के सम्मानित करते घरी यूकेएएफएफ के संस्थापक आ निदेशक डॉ पुष्पिंदर चौधरी कहले, 'हम कविता कृष्णमूर्ति के असाधारण प्रतिभा के सम्मानित कइल चाहत रहनी। उऽ संगीत के क्षेत्र में जवन योगदान देले बाड़ी उऽ अतुलनीय बा। उनकर प्रतिभा सभनी के मन पs एगो अमिट छाप छोड़ले बा'। उहे यूकेएएफएफ दुनिया के सबसे लमहर समय ले चले वाला दक्षिण एशियाई फिल्म समारोहन में से एक बा। एह समारोह में दक्षिण एशियाई महिला-केंद्रित सिनेमा आ फिल्म में महिला लो के काम के सम्मानित कइल जाला।

Tags :
#entertainmentnews #bollywoodnewsbollywoodEntertainment NewsInternational Film FestivalKavita KrishnamurthyLife time achievement awardSangeet
Advertisement
Next Article