For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Kedarnath: केदारनाथ में बादल फट गइल, बहुत तीर्थयात्री फंस गइले, 2 लोग के मौत, बाजार अउरी होटल के बाहर निकालल गइल

09:26 AM Aug 01, 2024 IST | Khabar Editor
kedarnath  केदारनाथ में बादल फट गइल  बहुत तीर्थयात्री फंस गइले  2 लोग के मौत  बाजार अउरी होटल के बाहर निकालल गइल
Advertisement

बुध के दिने भारी बरखा के चलते केदारनाथ-सोनप्रयाग-गौरीकुंड सड़क पर भयंकर बाढ़ आ गइल। एहतियात के तौर पs अधिकारी प्रभावित इलाका के बाजार अउरी होटल के खाली करा देले।

Advertisement

केदारनाथ आ सोनप्रयाग से होके बहे वाली मंदाकिनी नदी में भारी बरखा के चलते बाढ़ जइसन स्थिति पैदा होखता। नदी के पानी सोनप्रयाग पार्किंग क्षेत्र में पहुंचला से तीर्थयात्री में दहशत मच गइल।

गौरीकुंड-केदारनाथ सड़क पs बादल फटला के चलते स्थिति अउरी खराब हो गइल, जवना के चलते मंदाकिनी नदी में पानी के स्तर बेसी बढ़ गइल। नदी किनारे के भवन हटा दिहल गइल बा आ प्रशासन एह हालात पर बारीकी से नजर राखत बा।

बाढ़ जइसन स्थिति के देखत रुद्रप्रयाग के जिला मजिस्ट्रेट ए यात्रा के रोक देले बाड़े। मंदाकिनी नदी के किनारे लोग के सहायता आ सुरक्षा सुनिश्चित करे खातीर एसडीआरएफ के जवान के तैनात कइल गइल बा। अधिकारी गौरीकुंड निवासी के सतर्क रहे के चेतवले बाड़े।

टेहरी में बादल फट गइल

उत्तराखंड के टिहरी के भीलंगाना प्रखंड के नौतद टोक में बादल फटला के चलते एगो होटल बह गइल। बादल फटला से दू जने के मौत हो गइल । जिला आपदा प्रबंधन अधिकारी बृजेश भट्ट बतवले कि होटल के पानी बहला पs होटल मालिक भानु प्रसाद, उनकर पत्नी नीलम देवी आ उनकर बेटा विपिन लापता हो गइले। मौका से करीब 100 मीटर दूर भानु आ नीलम के लाश मिलल बा, बाकी विपिन अभी तक लापता बाड़े।

चरधाम यात्रा पर निकलल करीब दू सौ तीर्थयात्री बादल फटला के चलते फंसल बाड़े। एह लोग के बचावे खातिर बचाव अभियान चल रहल बा। फ्लैश फ्लड से बहुत जानवर भी विस्थापित हो गइले। गनीमत रहल कि घटना के समय होटल में दोसर कवनो यात्री ना रहले। पुलिस आ राज्य आपदा प्रतिक्रिया बल (एसडीआरएफ) विपिन के पता लगावे आ फंसल तीर्थयात्री लोग के सुरक्षा सुनिश्चित करे में लागल बा।

रुड़की में घर गिर गइल

एगो अलग घटना में रुड़की के नजदीक भरतपुर गांव में भारी बरखा के चलते एगो घर गिर गइल। गिरला के चलते करीब 11 लोग मलबा के नीचे फंस गइले। ए घटना में 10 आ 8 साल के दु बच्चा के मौत हो गइल।

आपातकालीन सेवा आ स्थानीय गाँव के लोग फंसल लोग के बचावे के काम कइले। गंभीर हालत में पांच लोग के बचावल गइल, जबकि दु लोग के मामूली चोट आइल बा। घाही लोग के इलाज खातीर स्थानीय अस्पताल पहुंचावल गइल बा। एही बीच भारत के मौसम विभाग (आईआईएमडी) उत्तराखंड के बहुत जिला खातिर रेड अलर्ट जारी कइले बा।

Tags :
Advertisement