टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Khesari Lal Yadav: खेसारी लाल यादव के मुश्किल बढ़ल, मेहरारुओ के आइल नाम

11:16 AM Sep 14, 2024 IST | Sonu Kishor
खेसारी लाल यादव मुश्किल में
Advertisement

भोजपुरी फिल्म के मशहूर अभिनेता आ गायक खेसारी लाल यादव धोखाधड़ी के मामिला में कोर्ट में पेश भइले। एगो आदमी पत्नी चंदा देवी से जमीन के सौदा कइले रहे। इ 22 लाख 7 हजार रुपया में बातचीत भइल। जवना के बदले खेसारी लाल यादव 18 लाख रुपया के चेक देले रहले। बाकिर ऊ चेक बाउंस हो गइल।

Advertisement

रसूलपुर थाना केस नंबर 120/19 के केस नंबर 1002/24 के आरोपी भोजपुरी फिल्म अभिनेता आ गायक शत्रुघ्न कुमार उर्फ खेसारीलाल यादव अपना अधिवक्ता एसीजेएम एकादश राकेश कुमार के संगे कोर्ट में पेश भइले। कोर्ट 406 भारतीय दंड संहिता आ 138 एनआई एक्ट के तहत आरोप के रूपरेखा बनवलस।

इ सौदा पत्नी चंदा देवी के संगे भइल बा

जानकारी के मुताबिक रसूलपुर थाना क्षेत्र के आशानी निवासी मृत्युंजयनाथ पांडेय 16 अगस्त 2019 के रसूलपुर थाना में प्राथमिकी दर्ज करवले रहले। आरोप में कहल गइल कि उऽ रसूलपुर थाना क्षेत्र के धनाडीह निवासी शत्रुघ्न कुमार उर्फ खेसारी लाल के पत्नी चंदा देवी से 22 लाख 7 हजार रुपया में जमीन के बेचे खाती बात कइले रहले। एकर रजिस्ट्रेशन 4 जून 2019 के एकमा रजिस्ट्री कार्यालय में भइल रहे।

चेक बाउंस कऽ गइल रहे

ओह घरी खेसारीलाल यादव के ओर से 18 लाख रुपया के चेक नकद के बदला में दिहल गइल रहे। उऽ उक्त चेक के 20 जून 2019 के अपना खाता में जमा कइले रहले, जवन कि 24 जून के वापस कऽ दिहल गइल रहे। जब उऽ 27 जून के फेर से जमा कइले तऽ बैंक उनका के सूचित कइलस कि 28 जून 2019 के चेक बाउंस कऽ गइल बा।

उऽ एही के संबंध में इ प्राथमिकी दर्ज करवले आ भारतीय दंड संहिता के धारा 406 अवुरी 138 एनआईएसीटी के तहत 22 अगस्त 2020 के एह मामला में पुलिस के ओर से आरोप पत्र दाखिल कइल गइल। शत्रुघ्न कुमार उर्फ खेसारीलाल यादव के खिलाफ अदालत के ओर से 22 जनवरी 2021 के गैर जमानत वारंट जारी भईल रहे, जब आरोपी समन अवुरी 25 फरवरी 2021 के जमानत वारंट के बावजूद अदालत में पेश ना भईले।

Tags :
Bhojpuri cinemaBhojpuri film acterFir on khesari lal yadavkhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsKhesari lal yadav
Advertisement
Next Article