For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Lagaan ना एह फिल्म के दैरान शुरू भइल रहे Kiran Rao आ Aamir Khan के डेटिंग, साथे रहत घरी लिखाइल रहे ई फिल्म

10:30 AM Jun 01, 2024 IST | Sonu Kishor
lagaan ना एह फिल्म के दैरान शुरू भइल रहे kiran rao आ aamir khan के डेटिंग  साथे रहत घरी लिखाइल रहे ई फिल्म
Advertisement

किरण राव के फिल्म लापता लेडीज (Laapataa Ladies) काफी सुरखी में रहल। आमिर खान एह फिल्म के प्रोड्यूस कइले आ डायरेक्टर किरण राव एकरा के डायरेक्ट कइले रहली। एगो इंटरव्यू के दौरान बातचीत करत घरी किरण राव आपन आ आमिर खान के डेटिंग के लेके बात कहली। आमिर आ किरण के पहिला मुलाकात लगान के सेट पs भइल रहे।

Advertisement

फिल्ममेकर किरण राव ए घरी आपन हाले में रिलीज फिल्म 'लापता लेडीज'के सक्सेस एंजॉय कर रहल बाड़ी। किरण राव बॉलीवुड एक्टर आमिर खान के एक्स वाइफ हई। साल 2021 में दुनु जाने 16 साल के रिलेशनशिप के खत्म कऽ के अलग होखे के फैसला लेले रहे। अब एगो इंटरव्यू में किरण राव आमिर खान आ अपना रिलेशनशिप के बारे में बात कइली।

छव महीना चलल रहे लगान के शूटिंग

किरण राव बतवली कि उऽ 'रंग दे बसंती' के सेट पs आमिर के साथ रहत घरी उऽ आपन पहिला फिल्म 'धोबी घाट'लिखले रहे। Cyrus Says नांव के एगो यूट्यूब चैनल के इंटरव्यू देत घरी किरण बतवली कि कइसे रीम कागती के एगो कॉल उनका के आमिर खान के साथे पहिला प्रोजक्ट पs काम करे के मौका देलस। किरण राव कहली कि ओ घरी हम जॉब करत रहनीं जब रीमा कागती के हमरा लगे फोन आइल। उऽ कहले कि इहाँ भुज में एगो फिल्म के शूटिंग हो रहल बा का तु आवे के चाहऽ ताड़ू ? खाली तीन महीना के बात बा आ नीमन काम बा। ई फिल्म लगान रहे जवना के शूटिंग उहाँ लगभग छव महीना ले चलल। किरण कहली कि उऽ ओ घरी ढेर हिंदी फिल्म ना देखले रही आ उहाँ गइला के बाद राजी हो गइली।

किरण कहली,"100 साल पहिले स्पोर्ट्स पs आधारित एगो फिल्म बनावल उहो अवधी भाषा में अइसन कऽ के आमिर खान बहुत बड़ जोखिम ले रहल बाड़े। हम इन चीजन के धीरे-धीरे सीखनीं आ ई हमरा खातिर एगो फिल्म स्कूल जइसन रहे।”

असिस्टेंट डायरेक्टर रहलीं किरण राव

किरण राव लगान के सेट पs असिस्टेंट डायरेक्टर के तौर पर काम करत रहलीं। उऽ बतवली कि शूट 3 महीना के होखे के रहे बाकिर चूंकि मूवी क्रिकेट पs आधारित रहे एहिसे ई खिंचके 6 महीना हो गइल। ई उनका खातिर काफी अच्छा साल रहे काहेकि लगान के साथे - साथे उऽ मानसून वेडिंगो एही साल कइले रही। किरण राव बतवली कि ओ घरी रीमा आ जोया दिल चाहता है के शूटिंग करत रहे लो आ एहिसे उऽ एक्सट्रा कास्टिंग खातिर उनका के गोवा भेज दिहल गइल।

कब शुरू कइली डेटिंग?

रीमा ओ घरी स्वदेश के सेट पसेकाम करत रहली जब उनकर बातचीत आमिर खान के साथे दुबारा शुरू भइल। आमिर ओ घरी मंगल पाडे के शूटिंग करत रहलें। एही घरी दुनु जाना एक दूसरा के डेट कइल शुरू कइले रहे। एकरा बाद आमिर रंग दे बसंती के शूटिंग में बिजी हो गइले आ किरण राव उनका साथे ट्रेवल करे लगली। किरण राव तीन महीना ले आमिर खान के साथे शूट पs रहली आ एही दौरान उऽ आपन फिल्म धोबी घाट लिखली। किरण राव 2005 में आमिर खान के साथ शादी कइली। दुनु जाना के एगो बेटा बा। हालांकि अब इनका लो के तलाक हो चुकल बा।

Tags :
Advertisement