For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

संजीव गोयनका से विवाद के बाद केएल राहुल छोड़ले LSG के साथ!

08:53 AM May 16, 2024 IST | Minee Upadhyay
संजीव गोयनका से विवाद के बाद केएल राहुल छोड़ले lsg के साथ
Advertisement

Advertisement

आईपीएल 2024 के 64वां मैच आजु 14 मई के दिल्ली के अरुण जेटली स्टेडियम में दिल्ली कैपिटल्स आ लखनऊ सुपर जायंट्स के बीच खेलल जाई. दुनु टीम प्लेऑफ के दौड़ में बाड़ी सँ आ आजु दुनु टीम के मकसद बा कि बड़हन जीत दर्ज करावल जाव जेहसे कि बेहतर नेट रन रेट के साथे प्लेऑफ के टिकट मिल सके. अयीसना में आज के मैच बहुत जरूरी मानल जाता, बाकीर खबर आवत बा कि केएल राहुल टीम के संगे दिल्ली नईखन पहुंचल। मानल जाता कि पछिला मैच में लखनऊ के हार के बाद टीम के मालिक संजीव गोयनका सार्वजनिक तौर पs नाराजगी जतवले रहले, जवना के बाद केएल राहुल टीम के संगे यात्रा नईखन करत। आजु के मैच उनुका खेले पs संदेह बा.

संजीव गोयनका केएल राहुल पs आपन नाराजगी जतवले रहले

असल में लखनऊ सुपर जायंटस पिछला मैच में सनराइजर्स हैदराबाद के खिलाफ धीरे-धीरे बल्लेबाजी कइले रहुवे. एकरा चलते सनराइजर्स हैदराबाद 10 विकेट से जीत हासिल कईलस। मैच के बाद टीम के मालिक संजीव गोयनका केएल राहुल पs आपन नाराजगी जतवले जवना के वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो गइल आ बहुते दिग्गज एह तरह के व्यवहार पs नाराजगी जतवले.

प्लेऑफ खातिर एलएसजी के दावा काफी मजबूत बा

आईपीएल में लखनऊ सुपर जायंट्स के ई तिसरका सीजन हs. एलएसजी केएल राहुल के कप्तान में पिछला दू बेर प्लेऑफ में चहुँपल बा आ अबकी बेर भी एलएसजी के दावा काफी मजबूत लउकत बा. बाकीर, टीम मालिक के कवनो मैच में तनिका खराब प्रदर्शन खातीर कप्तान के सार्वजनिक तौर पs डांटल बहुत सवाल खड़ा करता। जबकि केएल राहुल एह सीजन में अबले 460 रन बनवले बाड़न जवना के औसत 38.33 आ स्ट्राइक रेट 136.09 बा. एह में तीन गो अर्धशतक शामिल बा.

केएल राहुल दिल्ली ना पहुंचले

टीम मालिक संजीव गोयनका से विवाद के बाद केएल राहुल टीम से अलग हो गइल बाड़न. उs टीम के संगे यात्रा ले नईखन करत अवुरी टीम के संगे दिल्ली ले नईखन पहुंचल। मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक उs मुंबई में अपना परिवार के संगे बाड़े अवुरी उहाँ से सीधा दिल्ली पहुंच सकतारे। हालांकि अब ले टीम के ओर से एs मामला में कुछूओ नईखे कहल गईल। इहो अटकल लगावल जा रहल बा कि अब ऊ एहिजा आईपीएल में एलएसजी के साथे आपन सफर खतम कs सकेलें.

Tags :
Advertisement