टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गोधन कुटाई: एह परब में बहिन देली भाइयन के बद्दुआ, एकर मान्यता जान रउरो रही जाएंब हैरान

11:00 AM Nov 15, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

भाई दूज परब के पूर्वांचल में गोधन कुटाई परब मानल जाला। ई परब दिवाली के बाद दूसरा दिन मनावल जाला। कुछ लोग एह परब के यम दूज के नाम से भी जानेला। मान्यता के अनुसार यम के मृत्यु के देवता बतावल गईल बा।गाय के गोबर कुटत घरी महिला यम के चुनौती देवेली। अइसन कइला से ऊ अपना भाई के लमहर उमिर के कामना करेले।

पौराणिक मान्यता में बहुत कहानी प्रचलित बा, ओहमें से एगो के अनुसार राजा रहले। उनकर बेटा के बियाह होखे के रहे।

उ अपना बेटी के भी बियाह में बोलवले। एही दौरान बेटी ससुराल से अपना मातृगृह खातिर निकल गईल। रास्ता में केहू बतवलस कि उ अपना भाई के कबो गारी ना देले। ना तs बियाह के दौरान कवनो दुर्घटना में ओकर भाई के मउत हो सकता।

एह से डेरा के राजा के बेटी रास्ता में जवन जंगली जानवर मिलल ओकरा के मारे लगली। आ ऊ अपना भाई के जोर से गारी देली। अइसन करे के पीछे उनकर मंशा रहे कि उनकर भाई लोग लंबा उमिर जिए। अंत में इहे भईल, यमराज दुनो भाई-बहिन के प्रेम देख के राजा के बेटा के जान लेबे के योजना छोड़ देले।

महिला लोग पहिले गोधन के गोबर से आकृति तैयार करेली। एकरा संगे-संगे तेंदुआ, बिच्छू आदि जानवर के आकार भी बनावल जाला। ओकरा बाद जीभ पs अलग-अलग वस्तु रख के भाई के नाम पs गारी देली। जवना में चना, कांटेदार झाड़ी, कंकड़ आदि भी शामिल बा। एह परब के अधिकतर लोग भाई दूज के नाम से मनावेला। पूर्वांचल, बिहार आ झारखंड के इलाकन में एकरा के गोधन कुटाई के परब के रूप में भी जानल जाला।

ई दिवाली के अगिला दिने मनावल जाए वाला परब हs। हालांकि ए साल इ परब दिवाली के एक दिन बाद मनावल गईल, उ एकरा पीछे के कारण बतवले। पंचांग के मुताबिक भाई दुज 14 नवम्बर के दुपहरिया में देखाई देत रहे। जवना के चलते 12 नवम्बर के दिवाली मनावल गईल। बाकिर भाई दूज भा गोधन कुटाई के परब 13 नवम्बर के ना मनावल गइल. 14 आ 15 नवंबर के मनावल गइल।

 

Tags :
bhai dujdharm-karmfestivalgovardhan pujatyohar
Advertisement
Next Article