टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Film Review: सिद्धांत के फिलिम में राघव- गजराज जितले दिल, जानीं केने खइलस मात ‘Yudhra’

02:16 PM Sep 20, 2024 IST | Minee Upadhyay
फिलिम युध्रा के रिव्यु: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

 

फिलिम: ‘युध्रा’

स्टारकास्ट: सिद्धांत चतुर्वेदी, राघव जुयाल, मालविका मोहनन, गजराज राव, राम कपूर, राज अर्जुन

डायरेक्टर: रवि उद्यावर

रेटिंग्स: 2 स्टार

अवधि: 142 मिनट

कहां देखीं: थिएटर

इs कहानी हs युध्रा, युध्रा यानी सिद्धान्त चतुर्वेदी के, जिनकर बाबूजी एगो ईमानदार पुलिस अधिकारी रहले। कार्तिक (गजराज राव) के परवरिश कार दुर्घटना में माता-पिता के मौत के बाद भईल बा। युध्रा के एंगर इश्यूज बा, जवना के नकारात्मक असर उनुका निजी जीवन पs पड़ेला। कहानी आगे बढ़ेले अऊर युध्रा के मुलाकात रहमान (राम कपूर) से होला। जे युध्रा के बाप के दोस्त बाने, कार्तिक जइसन। अब रहमान युध्रा से कहेले कि उs अपना बाबूजी के काम पूरा करस, जवन ओह घरी ना हो सकत रहे। एकरा बाद युध्रा ड्रग माफिया फिरोज (राज अर्जुन) के खतम करे खातिर मैदान में उतर जाला। हालांकि बीच में बहुत मोड़ बा अवुरी फिलिम के अंत भी एगो मोड़ से होखता।

 अभिनय आ डायरेक्शन

अभिनय के बात कइल जाव तs सिद्धान्त के काम औसत दर्जा के लउकत बा. ई ना कहल जा सके कि ऊ बहुते खास काम कइले बाड़न बाकिर ऊहो खराब नइखे. अब चूंकि एह फिल्म के शूटिंग Covid times के आसपास भइल बा एहसे एकरा के सिद्धांत के पुरान काम भी कहल जा सकेला. आ लगभग हर अभिनेता समय के साथे धीरे धीरे परफेक्ट हो जाला. बाकिर दोसरा तरफ राघव जुयाल शानदार काम कइले बाड़न आ ऊ परदा पs उभर के सामने आवत बाड़न. गजराज राव एक बेर फेरु साबित कs दिहले बाड़न कि ऊ गजब के अभिनेता हउवें. एकरा अलावे राम कपूर भी एह किरदार से न्याय करत लउकत बाड़े. बाकिर राज अर्जुन तनी ऑफ लउकत बाड़न. जवना सुंदरता से उनकर किरदार शुरू होला, ऊ कहानी के चलते धीरे-धीरे फीका पड़ जाला. रवि उद्यावर के निर्देशन भी औसत दर्जा के बा।

का खास बा आ का ना

फिलिम के एक्शन बढ़िया बा. एक तरफ कुछ सीन एकदम नया लागत बा तs दोसरा तरफ बहुते सीन देख के हॉलीवुड के ना बलुक बॉलीवुड फिलिमन के याद आ जाला. फिलिम के दुनु गाना जबरदस्ती जोड़ल लउकत बा आ एक गाना के एंड क्रेडिट बा. फिल्म के छायांकन आ बैकग्राउंड स्कोर बढ़िया बा बाकिर संपादन कमजोर बा. फिलिम कई जगह पs बोर करेला आ मजबूरी के अहसास करावेला.

देखीं भा ना : कुल मिला के राष्ट्रीय सिनेमा दिवस के मउका पs अगर रउरा 99 रुपिया में सिनेमाघर में ई फिलिम देखे के मौका मिलत बा तs रउरा एकरा के देख सकीलें. ना तs अमेजन प्राइम वीडियो पs आवे पर रउरा एकरा के देख सकीलें. एकरा खातिर बड़हन पइसा ना खरच करीं तs बढ़िया रही.

 

 

 

Tags :
anraghav Juyalgajraj raomalvika mohanraj arjunram kapoorsiddhant chaturvedi filmsiddhant chaturvedi film releaseyudhra filmyudhra film ratingyudhra film reviewyudhra review
Advertisement
Next Article