For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

अतवारी छौंक: बात कुछ पुरनका दौर के! 60 के दशक के मशहूर एक्ट्रेस Nargis आ Meena Kumari के बीच काहें बनल दूरी आ फोटोशूट से काहे कइली इंकार

07:04 AM Apr 28, 2024 IST | Minee Upadhyay
अतवारी छौंक  बात कुछ पुरनका दौर के  60 के दशक के मशहूर एक्ट्रेस nargis आ meena kumari के बीच काहें बनल दूरी आ फोटोशूट से काहे कइली इंकार
Advertisement

Advertisement

खबर भोजपुरी रउरा लोग के सोझा एगो नया सेगमेंट लेके आइल बा , जवना में रउरा के पढ़े के मिली फिलिम इंडस्ट्री से जुड़ल रोचक कहानी आ खिसा जवन बितsल जमाना के रही।

आजू पढ़ी 60 के दशक के मशहूर एक्ट्रेस नरगिस आ मीना कुमारी के बीच काहें बनल रहे दूरी आ फोटोशूट से काहे कइले रहली इंकार।

बॉलीवुड के एह रंगीन दुनिया में कुल कलाकार के अपना किरदार से जानल जाला आ अइसन छवि छोड़ देले बाड़े कि उनुका गइला के बादो ऊ हमेशा लोग के दिल में एगो खास जगह बनल बा। एह कलाकारन में नामी अभिनेत्री नरगिस आ मीना कुमारी के नाम भी शामिल बा। ऊ 50-60 के दशक के एगो मशहूर अभिनेत्री रहली जिनकर स्टाइल में एगो अलग तरह के जादू रहे। बाकिर का रउरा मालूम बा कि ओह घरी एह दुनु अभिनेत्रियन के बीच बहुते बड़हन मुकाबला रहुवे आ कहल जाला कि एकरा चलते दुनु जने एक दोसरा से नफरत ले करत रहली।

बात एतना बड़ल रहे कि दुनो लोग एक संगे फिलिम कइल तs दूर फोटोशूट ले ना करत रहली लो। जवना के कारन रहे सुपरस्टार राज कपूर।

असल में ई घटना साल 1957 में भइल रहे जब फिल्मफेयर अवार्ड के एलान होखे वाला रहे। आ दुनु जने के इंतजार भी रहे कि अबकी कवन पुरस्कार केकरा मिली, काहे कि ओही साल नरगिस के ‘मदर इंडिया’ आ मीना कुमारी के ‘शारदा’ रिलीज भइल रहे। बॉक्स ऑफिस के साथे-साथे दुनो अभिनेत्री के फिल्मफेयर में सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के अवार्ड खातिर भी मुकाबला होखे के रहे।

अब दुनु अभिनेत्रियन के बीच ई दौड़ देख फिल्मफेयर वाला लोग सोचल की मीना कुमारी आ नरगिस के एक संगे राखत फोटो शूट काहे ना कइल जाव।

आ एकरा खातिर तुरते नरगिस आ मीना कुमारी से बातचीत हो गइल। फिल्मफेयर सबसे पहिले मीना कुमारी से पूछलस - का उs नरगिस के संगे फोटो शूट करीहे? मीना कुमारी के कवनो आपत्ति ना रहे बाकिर कहली कि पहिले बेबी जी (इंडस्ट्री में नरगिस के एही नाम से बोलावल जात रहे) से पूछे के चाही। अगर उs एकरा खातिर तइयार बाड़ी तs हम मना ना करब। बाकिर जब नरगिस से पूछल गईल तs उs तुरंत एs फोटोशूट खातीर मना कs देली। जवना के कारन राज कपूर रहले।

सुनील दत्त से बियाह से पहिले राज कपूर से नरगिस के रिश्ता खबर में रहे। आ नरगिस राज कपूर के फिलिम नायिका यानी मीना कुमारी के साथे फोटोशूट ना कइल चाहत रहली काहेंकी एह से इंडस्ट्री के लोग के अउरी बात बनावे के मउका मिल जाई।

मीना कुमारी अवुरी नरगिस के फोटोशूट ना हो पावल। बाकिर सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के अवार्ड खाली नरगिस के गोदी में गिरल।

Tags :
Advertisement