टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अतवारी छौंक: बात कुछ पुरनका दौर के! 60 के दशक के मशहूर एक्ट्रेस Nargis आ Meena Kumari के बीच काहें बनल दूरी आ फोटोशूट से काहे कइली इंकार

07:04 AM Apr 28, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

खबर भोजपुरी रउरा लोग के सोझा एगो नया सेगमेंट लेके आइल बा , जवना में रउरा के पढ़े के मिली फिलिम इंडस्ट्री से जुड़ल रोचक कहानी आ खिसा जवन बितsल जमाना के रही।

आजू पढ़ी 60 के दशक के मशहूर एक्ट्रेस नरगिस आ मीना कुमारी के बीच काहें बनल रहे दूरी आ फोटोशूट से काहे कइले रहली इंकार।

बॉलीवुड के एह रंगीन दुनिया में कुल कलाकार के अपना किरदार से जानल जाला आ अइसन छवि छोड़ देले बाड़े कि उनुका गइला के बादो ऊ हमेशा लोग के दिल में एगो खास जगह बनल बा। एह कलाकारन में नामी अभिनेत्री नरगिस आ मीना कुमारी के नाम भी शामिल बा। ऊ 50-60 के दशक के एगो मशहूर अभिनेत्री रहली जिनकर स्टाइल में एगो अलग तरह के जादू रहे। बाकिर का रउरा मालूम बा कि ओह घरी एह दुनु अभिनेत्रियन के बीच बहुते बड़हन मुकाबला रहुवे आ कहल जाला कि एकरा चलते दुनु जने एक दोसरा से नफरत ले करत रहली।

बात एतना बड़ल रहे कि दुनो लोग एक संगे फिलिम कइल तs दूर फोटोशूट ले ना करत रहली लो। जवना के कारन रहे सुपरस्टार राज कपूर।

असल में ई घटना साल 1957 में भइल रहे जब फिल्मफेयर अवार्ड के एलान होखे वाला रहे। आ दुनु जने के इंतजार भी रहे कि अबकी कवन पुरस्कार केकरा मिली, काहे कि ओही साल नरगिस के ‘मदर इंडिया’ आ मीना कुमारी के ‘शारदा’ रिलीज भइल रहे। बॉक्स ऑफिस के साथे-साथे दुनो अभिनेत्री के फिल्मफेयर में सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के अवार्ड खातिर भी मुकाबला होखे के रहे।

अब दुनु अभिनेत्रियन के बीच ई दौड़ देख फिल्मफेयर वाला लोग सोचल की मीना कुमारी आ नरगिस के एक संगे राखत फोटो शूट काहे ना कइल जाव।

आ एकरा खातिर तुरते नरगिस आ मीना कुमारी से बातचीत हो गइल। फिल्मफेयर सबसे पहिले मीना कुमारी से पूछलस - का उs नरगिस के संगे फोटो शूट करीहे? मीना कुमारी के कवनो आपत्ति ना रहे बाकिर कहली कि पहिले बेबी जी (इंडस्ट्री में नरगिस के एही नाम से बोलावल जात रहे) से पूछे के चाही। अगर उs एकरा खातिर तइयार बाड़ी तs हम मना ना करब। बाकिर जब नरगिस से पूछल गईल तs उs तुरंत एs फोटोशूट खातीर मना कs देली। जवना के कारन राज कपूर रहले।

सुनील दत्त से बियाह से पहिले राज कपूर से नरगिस के रिश्ता खबर में रहे। आ नरगिस राज कपूर के फिलिम नायिका यानी मीना कुमारी के साथे फोटोशूट ना कइल चाहत रहली काहेंकी एह से इंडस्ट्री के लोग के अउरी बात बनावे के मउका मिल जाई।

मीना कुमारी अवुरी नरगिस के फोटोशूट ना हो पावल। बाकिर सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के अवार्ड खाली नरगिस के गोदी में गिरल।

 

 

 

Tags :
60 के दशक की एक्ट्रेस60 के दशक की मशहूर अभिनेत्रीactressActress Meena KumariActress NargisActress of the 60sAtwari ChonkbollywoodBollywood news in bhojpuriEntertainmententertainment news in BhojpuriFamous actresses of the 60sFilmfare AwardMother IndiaNargisRaj KapoorShardaSunday specialSunil Duttअतवारी छौंकअभिनेत्री नरगिसअभिनेत्री मीना कुमारीएक्ट्रेसनरगिसफिल्मफेयर अवार्डमदर इंडियाराज कपूरशारदासुनील दत्त
Advertisement
Next Article