टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अतवारी छौंक: 'बात कुछ पुरनका दौर के' प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले...एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

07:48 AM Dec 08, 2024 IST | Minee Upadhyay
आशा पारेख
Advertisement

खबर भोजपुरी रउरा लोग के सोझा एगो नया सेगमेंट लेके आइल बा , जवना में रउरा के पढ़े के मिली फिलिम इंडस्ट्री से जुड़ल रोचक कहानी आ खिसा जवन बितsल जमाना के रही।
आजू पढ़ी कि आशा पारेख आपन पूरा जिनिगी बियाह काहे ना कइली?

Advertisement

आशा पारेख लगभग 3 दशक ले बॉलीवुड के टॉप हीरोइन में गिनल जाली। आपन 40 साल के करियर में आशा पारेख 90 से अधिका फिलिमन में काम कs चुकल बाड़ी. आशा पारेख के 1972 में फिल्म ’कटी पतंग' खातिर सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के पुरस्कार भी मिलल रहे।

एकरा साथे-साथे आशा पारेख के 5 बेर से अधिका फिल्मफेयर अवार्ड खातिर नामांकित कइल गइल.आशा पारेख के असली जिनिगी फिल्मी कहानी से कम ना रहे. आशा पारेख जिनगी भर बियाह ना कइली। एतने ना आशा पारेख आपन माई-बाबूजी के एकलौती संतान रहली। एकरा बाद भी आशा आपन प्यार खातीर आपन इच्छा के त्याग कs देली।

के रहे आशा पारेख के प्यार?
उs कबो बियाह ना कइली. आशा पारेख के नासिर हुसैन से प्यार हो गइल रहे। आशा पारेख आ नासिर हुसैन के भी बढ़िया दोस्ती रहे। बाकिर आशा उनकरा से प्यार करत रहली। हालांकि नासिर हुसैन के बियाह पहिलही हो चुकल रहे। एही कारन आशा पारेख आपन कदम पीछे कs लिहली।

नासिर हुसैन के साथे आशा पारेख कईयो फिल्मन में काम कइले रहली, जेमें ‘जब प्यार किसी से होता है’ (1961), ‘फिर वही दिल लाया हूं’ (1963), ‘तीसरी मंजिल’ (1966), ‘बहारों के सपने’ (1967), ‘प्यार का मौसम’ (1969) आ ‘कारवां’ (1971) जइसन फिल्म के नाव शामिल बा.

नासिर आ आशा के जोड़ी के चर्चा ना खाली ओह लोग के फिलिमन खातिर होखे लागल बलुक दोस्ती खातिर भी होत रहे. पूरा कहानी तबे सोझा आइल जब आशा पारेख आपन बायोग्राफी ‘द हिट गर्ल’ में एह बात के जिक्र कइली. एह किताब के विमोचन के दौरान आशा मान लिहली कि नासिर अकेला अइसन आदमी हउवें जिनका से ऊ प्यार कइले रहली.
आशा अपना बायोग्राफी ‘द हिट गर्ल’ में बतवले बाड़ी कि नासिर के साथे सात गो फिलिमन में काम कइले बाड़ी. उनकरा से प्यार कइला के बावजूद ऊ कबो उनकरा से बियाह करे के ना सोचली काहे कि ऊ ‘गृहिणी’ ना बनल चाहत रहली चुकी हुसैन पहिलहीं से बियाह कs चुकल रहले एहसे परिवार टूटे के डर से ऊ आपन प्यार ना जता पवली आ एकर नतीजा ई भइल कि ऊ आपन जिनिगी खतम कs दिहली अकेले रही के। उs केहु से बियाह ना कईली अवुरी आज ले अकेले रहत बाड़ी।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: हाइट बढ़वले में असरदार बा इs 3 गो योगासन, तेजी से बढ़े लागी रुकल लंबाई

Tags :
70 के दशक की हीरोइन70s heroineAsha Parekh Nasir HussainAsha Parekh's filmAsha Parekh's songBollywood actress Asha ParekhBollywood filmBollywood newsBollywood news in SundayBollywood songsEntertainment NewsEntertainment News Bollywood News.entertainment news in BhojpuriGood Morning NewsNasir Hussain Asha Parekh's filmNasir Hussain Asha Parekh's friendshipNasir Hussain's filmSunday specialअतवारी छौंकआशा पारेख का गानाआशा पारेख की फिल्मआशा पारेख नासिर हुसैननासिर हुसैन आशा पारेख की दोस्तीनासिर हुसैन आशा पारेख की फिल्मनासिर हुसैन की फिल्मबॉलीवुड Bollywood actressबॉलीवुड एक्ट्रेसबॉलीवुड एक्ट्रेस आशा पारेखबॉलीवुड फिल्म
Advertisement
Next Article