For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Kolkata Crime: दु साल से बंद पड़ल रहे फ्लैट, अंदर प्लास्टिक के ड्रम में कंकाल देख के मकान मालिक के उड़ गइल होश, जानी पूरा मामिला

04:39 PM Nov 15, 2023 IST | Minee Upadhyay
kolkata crime  दु साल से बंद पड़ल रहे फ्लैट  अंदर प्लास्टिक के ड्रम में कंकाल देख के मकान मालिक के उड़ गइल होश  जानी पूरा मामिला
Advertisement

Advertisement

प्लास्टिक के ड्रम में मिलल कंकाल : पश्चिम बंगाल के राजधानी कोलकाता के बागुईआटी इलाका से चौंकावे वाला खबर सामने आईल बा। दू साल से बंद फ्लैट के भीतर प्लास्टिक के ड्रम में एगो महिला के कंकाल मिलला के बाद इलाका में सनसनी पसर गईल।अचरज के बात ई बा कि ई ड्रम सीमेंट से जमावल गइल रहे।

असल में चार मंजिला भवन के ऊपरी मंजिल पs बनल इ फ्लैट मकान मालिक एगो नेपाली जोड़ा के किराया पs देले रहले। ई लोग कोरोना काल से ही एह फ्लैट में रहत रहे। ओकरा बाद घरे जात बानी कह के इ लोग फ्लैट में ताला लगा के चल गईले। लेकिन समय पs किराया भेजत रहल। पछिला कुछ महीना से इ जोड़ी किराया देवे से इनकार करे लगले अवुरी कहले कि आर्थिक बाधा के चलते आर्थिक समस्या के सामना करे के पड़ता।

मामिला के खुलासा कईसे भईल?

एकरा बाद मकान मालिक फोन पs संपर्क करे के कोशिश करत रहले लेकिन ओ लोग के फोन बंद होखे लागल। फेरु उ फ्लैट साफ करावे के सोचले अवुरी जब उ सफाईकर्मी के संगे फ्लैट में घुसले तs उ चौंक गईले। उ देखले कि फ्लैट के बाथरूम में प्लास्टिक के ड्रम सीमेंट से फिक्स राखल बा। जब ई लोग ई ड्रम खोलल तs ओकरा में एगो कंकाल मिलल।

मकान मालिक का कहलस?

फ्लैट मालिक गोपाल मुखर्जी कहले कि, ए जोड़ी के उमर 30 साल के आसपास होई अवुरी इ लोग Covid के समय से इहाँ रहत रहले। इ लोग साल 2021 में नेपाल गईल रहले।” उ आगे कहले कि, उ लोग हमरा के बतवले कि उ लोग कुछ महीना खातीर अपना घरे गइल रहले, लेकिन उ लोग वापस ना अईले। हँ, उ समय पs किराया देत रहले। पिछला साल से इ लोग किराया में भी देरी कईले बाड़े। फेर पिछला 6 महीना से किराया बिल्कुल ना दिहल गईल। दु महीना पहिले जब महिला फोन कईली तs उ पूरा किराया देवे के वादा कईले रहे।”

सूत्र के मुताबिक ए ड्रम में जवन कंकाल मिलल रहे, ओकरा हाथ में चूड़ी निहन कुछूओ अवुरी नाइट ड्रेस भी रहे। हालांकि अबे ले इs साफ नईखे भईल कि इs कंकाल कवनो महिला के हs कि पुरुष के!

पुलिस का कहलस?

मामिला के आधिकारिक जानकारी देत ​​बिधाननगर पुलिस उपायुक्त (मुख्यालय) विश्वजीत घोष कहले कि, हमनी के लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातीर भेज देले बानी, ताकि ओकर लिंग के पता लगावल जा सके। हमनी के उनुका मौत के कारण अवुरी समय के भी पता लगावे के होई।” दोसरा तरफ मकान मालिक मुखर्जी ना तs किरायेदारन के कवनो फोटो दिहलन आ ना ही उनुका ओह लोग के नाम याद बा। हालांकि उ निश्चित रूप से दावा कईले बाड़े कि उ किराया के एग्रीमेंट करा लेले रहले। उ पुलिस के एगो नंबर भी देले जवना के बंद कईल जाता।

Tags :
Advertisement