टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

कोटा: कमरा में पंखा से लटकत मिलल छात्र के शव, सुरुआती साल में आत्महत्या के चउथा मामिला

02:36 PM Feb 13, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

राजस्थान के कोटा से एगो अवुरी दिल दहला देवे वाला घटना सोझा आवता। इहाँ एगो अवुरी छात्र फांसी लगा के आत्महत्या कs लेले बा। साल 2024 के इs चउथा मामिला बा। जानकारी के मुताबिक मरेवाला बारहवीं कक्षा के संगे जेईई के तैयारी करत रहे। सबेरे जब परिवार के लोग छात्रा के फोन कईले तs उनुका फोन ना आईल, जब उs बार-बार फोन कइले पs ना उठवले तs परिवार के लोग चिंतित होके हॉस्टल वार्डन के फोन कईले।

Advertisement

परिवार से फोन ना उठावल

छात्रा के परिवार के ओर से जब हॉस्टल वार्डन के फोन आईल अवुरी छात्र के देखे खातीर कमरा में गईली तs उहो स्तब्ध रह गईली। वार्डन देखलस कि छात्र कमरा में पंखा से लटकल बा। एकरा बाद वार्डन तुरंत स्थानीय पुलिस अवुरी परिवार के लोग के सूचना देले। मउका पs पहुंचला पs पुलिस छात्रा के लाश के पंखा से उतार के आगे के कार्रवाई शुरू कs देलस।

कोटा आत्मघाती केंद्र में बदल रहल बा

कोटा इंजीनियरिंग आ मेडिकल कोचिंग के केंद्र हs। हर साल लाखन छात्र जिला में आपन सपना पूरा करे आवेले। अयीसना में बहुत छात्र के सपना पूरा हो जाला लेकिन बहुत युवा के निराशा के संगे घरे लवटे के पड़ेला। एही साल के पहिला महीना में ही 3 छात्र आत्महत्या कs लेले बाड़े। आज भी एगो अउरी जेईई छात्र आत्महत्या के रास्ता ध लेले।

 

 

Tags :
Kotasuicidesuicide newsअपराध
Advertisement
Next Article