For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

मंगाफ अग्निकांड में मृतकन के परिजनन खातिर कुवैत कइलस मुआवजे के एलान, मिली अतना रूपिया

10:15 AM Jun 19, 2024 IST | Sonu Kishor
मंगाफ अग्निकांड में मृतकन के परिजनन खातिर कुवैत कइलस मुआवजे के एलान  मिली अतना रूपिया
Advertisement

कुवैत के मंगाफ अग्निकांड में मुआवजा के एलान हो गइल बा। कुवैत सरकार अग्निकांड में मारल गइल लोगन के परिजन खातिर 15-15 हजार अमेरिकी डॉलर (लगभग 12.5 लाख रुपये) देवे के एलान कइले बिया। बता दी कि बीत हफ्ता भइल एह अग्निकांड में 50 लोगन के मौत हो गइल रहे। मृतकन में 46 भारतीय शामिल रहलें।

Advertisement

कुवैत सरकार दक्षिणी अहमदी प्रांत के मंगाफ में लागल भीषण आग में मृत लोगन के परिवारन के 15-15 हजार अमेरिकी डॉलर (लगभग 12.5 लाख रुपये) दिही। बता दी कि एह अग्निकांड में 46 भारतीयन सहित 50 लोगन के मौत हो गइल रहे।

शॉर्ट सर्किट के कारण लागल रहे आग

कुवैती अधिकारियन के अनुसार, मंगाफ शहर में 12 जुलाई के सात मंजिला इमारत में लागल भीषण आग भूतल पs इस्थित गार्ड के कमरा में शॉर्ट सर्किट के चलते लागल रहे। एह इमारत में 196 प्रवासी कामगार रहत रहले, जवना में से ज्यादातर भारतीय रहले।

मुआवजा देवे के आदेश

अरब टाइम्स के रिपोर्ट के अनुसार, कुवैत के अमीर शेख मेशल अल-अहमद अल-जबर अल-सबाह के आदेश पs मृतक के परिवारन के 15-15 हजार अमेरिकी डॉलर के मुआवजा मिली।

सरकारी सूत्रन के हवाला से अखबार कहलस कि मुआवजा के भुगतान के प्रक्रिया जलदिए शुरू कइल जाई आ एकरा के मृतकन के देशन के दूतावासन के दिहल जाई। संबंधित दूतावास सुनिश्चित करिहें कि मृतक के परिवारन के तुरंत आ सुचारू रूप से धनराशि बाँटल जाव।

Tags :
Advertisement