For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

लालू अधिकारियन से खैनी रगड़वावस...', नीतीश के मंत्री के आरोप

02:51 PM Aug 30, 2024 IST | Sonu Kishor
लालू अधिकारियन से खैनी रगड़वावस      नीतीश के मंत्री के आरोप
Advertisement

बिहार सरकार में श्रम संसाधन मंत्री आ भागलपुर जिला प्रभारी संतोष कुमार सिंह एगो प्रेस कांफ्रेंस में कहले कि लालू-राबड़ी के शासन में जाति अउरी जेब के आधार पs अधिकारी के तैनाती होखत रहे।

Advertisement

विधानसभा में विपक्षी पार्टी के नेता तेजस्वी यादव के ओर से दिहल बयान के जवाब में उ कहले कि कुछ बोले से पहिले अपना पुरखा के राज के ध्यान में राखे के चाही। उनका पुरखा लोग के राज में विधायक के हत्या होखत रहे। आईएएस के पत्नी के संगे दुष्कर्म भiल।

 'आईएएस के अधिकारी डर से मुंह तक ना खोलले'।

उऽ कहले कि तत्कालीन विधायक हेमलता के बेटा दु साल तक एगो आईएएस अधिकारी के पत्नी के संगे दुष्कर्म करत रहल। डर से आईएएस के अधिकारी मुंह तक ना खोलत रहले। ओह घरी भाजपा के वरिष्ठ नेता सुशील कुमार मोदी मीडिया के माध्यम से इ मुद्दा उठवले रहले। तब पूरा दुनिया के जानकारी मिलल। ओकरा बाद विधायक के बेटा के गिरफ्तार कऽ जेल भेज दिहल गइल।

तेजस्वी यादव का कहले रहले ?

नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव आरोप लगवले बाड़न कि भारतीय प्रशासनिक सेवा के कुछ अधिकारी पुलिस सेवा के अधिकारियन के दबावल चाहत बाड़े। इहे कारण बा कि निमन अफसर बिहार में नइखन रहे के चाहत।

तेजस्वी कहले रहले कि डीजीपी के ताकत सीआईएसएफ के डीजी से जादे बा तऽ सभके मालूम बा, बाकिर भट्टी आपन पद छोड़ के ओहिजा जात बाड़े। एमें कुछ ना कुछ जरूर बा। राज्य में कानून व्यवस्था पूरा तरीका से फेल हो गइल बा।

लालू अफसरन के खैनी रगड़वावत रहले

मंत्री कहले कि लालू प्रसाद अधिकारी के खैनी रगड़वावत रहले। वर्दी के गंदा करे के काम करत रहले। उऽ कहले कि इ उहे बात होखेला जब कवनो शराबी शराब निषेध पs प्रवचन देवेला। लालू-राबरी के समय में विधायक अजीत सरकार, देवेंद्र दुबे, बृज बिहारी प्रसाद, छोटन शुक्ला के हत्या हो गइल।

उऽ कहले कि तेजस्वी यादव के कुछ बोले से पहिले अपना मामला के खुद देखे के चाही। फिलहाल अधिकारी के तबादला पूरा पारदर्शिता के संगे कइल जाता।

Tags :
Advertisement