टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

लालू यादव के ट्वीट से बिहार में बवाल, अदालत तक पहुंचल मामला

02:31 PM Sep 30, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

पूर्व मुख्यमंत्री लालू प्रसाद यादव के खिलाफ सोमार के शिकायत दर्ज करावल गइल बा। एह में बलात्कार के मामला के लेके आपत्तिजनक तरीका से बिहार के जिक्र करे के आरोप लागल बा। ई शिकायत अधिवक्ता सुधीर कुमार ओझा कइले बाड़न। कोर्ट एकरा के सुनवाई में रखले बिया। एकर अगिला सुनवाई 24 अक्टूबर के होई।

Advertisement

बता दीं कि लालू यादव एतवार के ट्वीट कइले रहले। जवना में उऽ राज्य में बलात्कार के बहुत मामला के पर्दाफाश कइले रहले। एकरा संगे उ अइसन कैप्शन लिखले जवना से बिहार के राजनीति में बवाल मच गइल बा।

लालू यादव के ट्वीट से बिहार में बवाल

एह कैप्शन के लेके जदयू लालू यादव के घेर लिहलस।  जदयू के प्रदेश अध्यक्ष उमेश सिंह कुशवाहा एतवार के दिने कहलन कि राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद बिहार के तुलना बलात्कार शब्द से कऽ के राज्य के जन भावना के ठेस पहुँचा दिहले बाड़न। राजद मुखिया अपना एक्स हैंडल पs जवन लिखले बाड़े उऽ सीधा बिहार के संस्कृति आ पहचान पs हमला बा।

जदयू नेता का कहले?

उऽ आगे कहले कि लालू के पोस्ट से पूरा राज्य शर्मिंदा हो गइल बा। उऽ कहले कि लालू-राबरी के शासन में सत्ता से सुरक्षित अपराधी के एतना डर रहे कि राज्य के महिला अपना घर के दुआर से बहरी तक ना कदम रखली।

उमेश कहले कि वर्तमान कानून व्यवस्था के संबंध में कवनो बयान देवे से पहिले लालू आ परिवार के अपना कार्यकाल के इतिहास जरूर पलटे के चाहीं।

Tags :
Bihar politics newsKhabar Bhojpuri NewsLalu Yadav newslalu yadav twite
Advertisement
Next Article