For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Lalu Yadav हमेशा हार जाले आ हमेशा...', RJD सुप्रीमो खातिर ई का बोल गइले Lalan Singh, Tejashwi पऽ कइलें अटैक

09:15 AM Jun 22, 2024 IST | Sonu Kishor
lalu yadav हमेशा हार जाले आ हमेशा      rjd सुप्रीमो खातिर ई का बोल गइले lalan singh  tejashwi पऽ कइलें अटैक
Advertisement

केंद्रीय मंत्री आ जदयू के पूर्व राष्ट्रीय अध्यक्ष ललन सिंह चुनाव में राजद के मिलल करारी हार के लेके लालू यादव पs कटाक्ष कइले बाड़े। ललन सिंह कहले कि जनता के अब लालू यादव पs भरोसा ना रहल। लालू यादव हर बार हार जाले आ हार के बइठक करेले। नीट पेपर लीक पs उऽ कहले कि ईओयू जांच कर रहल बिया आ कानूनी आधार पs कार्रवाई कइल जाई।

Advertisement

ललन सिंह आगे कहलें कि लालू यादव के दावा रहे कि उऽ बिहार के सब सीट जीत रहल बाड़े। अब जब उऽ चुनाव हार गइले तऽ कुछ ना बोलिहें। जवन बोल रहल बाड़े, ओकरा के सुनीं आ आनंद लीहीं।

दिल्ली से पटना लौटल ललन सिंह से नीट प्रश्न पत्र लीक मामला में पूछल गइल तऽ उऽ कहले कि एकर जांच चल रहल बा। ई बात सामने आइल बा कि नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव के आप्त सचिव के अनुशंसा पs एनएच के गेस्ट हाउस के बुक करावल गइल रहे।

उऽ कहले कि जांच में साक्ष्य मिलला पs निश्चित रूप से कार्रवाई होई। जांच आर्थिक अपराध इकाई (EOU) कर रहल बिया। कानूनी रूप से जवन होई ओकरा आधार पs कार्रवाई होई । तेजस्वी यादव (Tejashwi Yadav) के कहला पs ना तऽ केहू के हिरासत में लिहल जाई आ नाहीं केहू के छोड़ल जाई।

सीएम 117 पुलिस वाहनन के लोकार्पण आ निरीक्षण कइलें

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार (Nitish Kumar) शुक के सड़क सुरक्षा यातायात व्यवस्था आ मानव व्यापार निषेध के मजबूती के लेके 117 पुलिस वाहनन के हरीहर झंडा देखा के रवाना कइलें।

मु्ख्यमंत्री पुलिस वाहन के लोकार्पण के बाद ओकर निरीक्षण कइलें। कार्यप्रणाली के संबंध में जानकारी लेलें। कार्यक्रम के आरंभ में अपर पुलिस महानिदेश (यातायात) सुधांशु कुमार मुख्यमंत्री के स्वागत हरित पौधा भेंट कऽ के कइले।

ई नेता लो रहे मौजूद

एह मौके पs उप मुख्यमंत्री सम्राट चौधरी (Samrat Chaudhary), विजय कुमार सिन्हा (Vijay Sinha), जल संसाधन मंत्री विजय कुमार चौधरी, ग्रामीण कार्य मंत्री अशोक चौधरी, सांसद देवेश चंद्र ठाकुर मौजूद रहलें।

एकरा अलावा, मुख्यमंत्री के प्रधान सचिव दीपक कुमार, मुख्य सचिव ब्रजेश मेहरोत्रा, डीजीपी आरएस भट्टी आ गृह विभाग के प्रधान सचिव अरविंद कुमार चौधरी, मुख्यमंत्री के सचिव अनुपम कुमार आ पुलिस के कई आला अधिकारी मौजूद रहलें।

Tags :
Advertisement