For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

लैंड फॉर जॉब केस में लालू यादव के खिलाफ मुकदमा चलावे के मंजूरी

11:02 AM Sep 20, 2024 IST | Minee Upadhyay
लैंड फॉर जॉब केस में लालू यादव के खिलाफ मुकदमा चलावे के मंजूरी
लालू प्रसाद यादव पs चली केस: फोटो
Advertisement

Advertisement

गृह मंत्रालय लैंड फॉर जॉब मामला में सीबीआई के फाइनल चार्जशीट पs राजद अध्यक्ष अवुरी बिहार के सीएम रहल लालू प्रसाद यादव पs मुकदमा चलावे के मंजूरी दे देले बा।  सीबीआई एकरा बारे में जानकारी राऊज एवेन्यू कोर्ट के देले बिया।

एकरा से पहिले पछिला बुध के नौकरी के बदला जमीन से जुड़ल मनी लांड्रिंग के मामला में लालू प्रसाद यादव अवुरी उनुका परिवार के परेशानी बढ़ गईल रहे। दिल्ली के राऊज एवेन्यू कोर्ट एह मामिला में लालू प्रसाद यादव, तेजस्वी यादव आ अउरी कई गो आरोपियन के समन जारी कइले बिया. कोर्ट एह लोग के 7 अक्टूबर के हाजिर होखे के कहले बिया.

Tags :
Advertisement