For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

ऑनलाइन होई जमीन के खरीद-बिक्री, 1 महीना में सब जिलन में लागू होई ई-निबंधन

10:48 AM Sep 25, 2024 IST | Sonu Kishor
ऑनलाइन होई जमीन के खरीद बिक्री  1 महीना में सब जिलन में लागू होई ई निबंधन
बिहार में एक माह में सब जिलन में लागू होई ई-निबंधन।
Advertisement

बिहार में जमीन खरीद-बिक्री अब अउरी आसान हो जाई! अगिला एक महीना में राज्य के सभ 136 रजिस्ट्रेशन कार्यालय में ई-रजिस्ट्रेशन सॉफ्टवेयर के माध्यम से रजिस्ट्रेशन शुरू हो जाई। एह नया सॉफ्टवेयर से आम लोग घर में बइठ के ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन खातिर आवेदन कऽ सकेलें आ फीसो जमा कऽ सकेलें। जमीन के खरीद-बिक्री खातिर फोटो आ अंगुरी के निशान खातिर एक बेर रजिस्ट्रेशन कार्यालय में आवे के पड़ी।

Advertisement

अगिला एक महीना में बिहार के सभ 136 रजिस्ट्रेशन कार्यालय में ई-सॉफ्टवेयर के माध्यम से रजिस्ट्रेशन शुरू हो जाई। एकरा बाद इ रजिस्ट्रेशन सॉफ्टवेयर के मदद से आम लोग घर में बइठ के ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन खातिर आवेदन कऽ सकऽतारे आ शुल्को जमा कऽ सकतारे। जमीन के खरीद-बिक्री खातिर फोटो अवुरी अंगुरी के निशान खातिर मात्र एक बेर रजिस्ट्रेशन कार्यालय में जाए के होई। फिलहाल पटना समेत 16 रजिस्ट्रेशन कार्यालय में ई रजिस्ट्रेशन लागू हो चुकल बा।

निषेध उत्पाद आ पंजीकरण विभाग के सचिव विनोद सिंह गुंजियाल बतवले कि पहिला चरण में 29 जुलाई के पायलट परियोजना के तहत पांच पंजीकरण कार्यालय जहानाबाद, दानापुर, पटना सिटी, फतुहा आ बिहटा में ई-रजिस्ट्रेशन सॉफ्टवेयर के माध्यम से ऑनलाइन रजिस्ट्री शुरू भइल।

Tags :
Advertisement