टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गोरखपुर यूनिवर्सिटी में एडमिशन के आखिरी मवका: आज होई B-फार्मा, D-फार्मा खातिर एंट्रेंस एग्जाम 

12:11 PM Sep 22, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर यूनिवर्सिटी एह साल से सुरू हो रहल B-फार्मा आ D-फार्मा कोर्सेज में एडमिशन खातिर आज माने अतवार के एंट्रेंस एग्जाम आयोजित हो रहल बा।

Advertisement

ई एग्जाम यूनिवर्सिटी के दीक्षा भवन में दु शिफ्ट में होई। B-फार्मा के 66 सीटन खातिर 331 आ D-फार्मा के 66 सीटन खातिर 351 कैंडिडेट सामिल होई लो।

एंट्रेंस एग्जाम में सामिल होखे खातिर एडमिट कार्ड जरूरी

सब कैंडिडेट के एडमिट कार्ड संगे ले आवल अनिवार्य बा, बिना एकरा एग्जाम में बैठक के परमिशन ना होई। एकरा अलावे, एग्जाम सेंटर में मोबाइल फोन, डिजिटल डिवाइसेस, भा कवनो एक्स्ट्रा सामान ले जाये के परमिशन नइखे।

BAJMC/MAJMC खातिर स्पॉट काउंसलिंग बिहान

संगही, BAJMC आ MAJMC (सेल्फ-फाइनेंस्ड) कोर्सेज में एडमिशन खातिर अब तक मवका ना पावे वाला कैंडिडेट खातिर स्पॉट काउंसलिंग के आयोजन कइल जा रहल बा। ई काउंसिलिंग बिहान माने सोमार के हिंदी डिपार्टमेंट में सबेरे 10 बजे से दुपहरिया दु बजे तक होई। कैंडिडेट के सब ऑरिजिनल डॉक्यूमेंट, जइसे हाई स्कूल, इंटरमीडिएट, ग्रैजुएशन के मार्कशीट्स, कैरेक्टर सर्टिफिकेट आ ट्रांसफर सर्टिफिकेट संगे ले आवल जरूरी बा।

दु बजे के बाद आवे वाला कैंडिडेट के काउंसिलिंग में सामिल होके के मवका ना मिली, एहिसे सभका से टाइम पs पहुंचे के आग्रह कइल गइल बा।

पूर्वांचल के स्टूडेंट्स खातिर बेहतरीन करिअर अवसर

पूर्वांचल के स्टूडेंट्स खातिर ई दुनो एडमिशन प्रोसेस सानदार ऑपर्च्युनिटी लेके आ रहल बा। जहां B फार्म आ D फार्म कोर्सेज हेल्थ आउर फार्मेसी फील्ड में करिअर के बेहतरीन ऑप्शन खोलत बा, ओहिजा BAJMC और MAJMC कोर्सेज मीडिया आ कम्युनिकेशन फील्ड में नया संभावना दे सकत बा। सब इच्छुक कैंडिडेट से एह मवकन के पूरा फायदा उठावे के अनुरोध कइल गइल बा।

Tags :
B PharmaBAJMCBhojpuri NewsD PharmaGorakhpur UniversityLast Chance For AdmissionMAJMC
Advertisement
Next Article