टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

CAT 2024 Application: आवेदन फॉर्म में सुधार के आखिरी मवका, आज सांझ पांच बजे तक एह विवरणन में कइल जा सकत बा बदलाव

01:00 PM Sep 30, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

भारतीय प्रबंधन संस्थान (IIM) कलकत्ता कॉमन एडमिशन टेस्ट 2024 (CAT 2024) खातिर आवेदन सुधार विंडो आज बंद कs दी। जदि कवनो उम्मीदवार के आवेदन पत्र में कवनो त्रुटि बा तs ऊ आज तक ओमे बदलाव कs सकत बा, हालांकि सब जानकारी में बदलाव नइखे कइल जा सकत। आवेदन पत्र में संसोधन करे खातिर उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट (iimcat.ac.in) पs जा सकत बा लो। आवेदन पत्र में बदलाव करे खातिर उम्मीदवारन के अपना लॉगिन क्रेडेंशियल जइसे यूजर आईडी आ पासवर्ड दर्ज करे के होई।

Advertisement

आधिकारिक अधिसूचना के अनुसार, कैट 2024 आवेदन पत्र के संपादित करे के अंतिम तिथि 30 सितंबर बा। जदि उम्मीदवार के ओर से जरुरी होखे तs खाली फोटोग्राफ, हस्ताक्षर आ शहर के प्राथमिकन के अपडेट करे खातिर संपादन विंडो 27 सितंबर (सबेरे 10 बजे) से 30 सितंबर (सांझ 5 बजे), 2024 तक उपलब्ध होई, ओह लोगन खातिर जे आपन आवेदन पत्र सफलतापूर्वक जमा कs देले बा।"

नइखे बदलल जा सकत ई जानकारी

आईआईएम कैट खातिर आवेदन करे वाला उम्मीदवारन के सहूलियत खातिर सुधार विंडो खोलल गइल बा। ताकि ऊ अपना आवेदन फॉर्म में भइल त्रुटियन के सुधार सके। हालांकि, एकरा खातिर ओह लोगन के अतिरिक्त शुल्क ना देवे के होई। जे उम्मीदवार कैट के खातिर आवेदन कइले बा, ऊ समय रहते आप फॉर्म जांच लेस, जदि ओमे कवनो त्रुटि होखे तs ओकरा के समय से सुधार लीं। तस्वीर, हस्ताक्षर आ परीक्षा शहर के प्राथमिकतन सहित विशिष्ट विवरणन के संशोधित करे के अवसर मिली। हालांकि नीचे बतावल गइल विवरणन में सुधार ना कइल जा सकी।

कैट-2024 24 नवंबर के तीन पालियन में ऑनलाइन मोड में होई। पहिला पाली सबेरे 8:30 बजे से 10:30 बजे तक, दूसरका शिफ्ट दुपहरिया 12:30 बजे से दुपहरिया 2:30 बजे तक होई आ आखिरी शिफ्ट शाम 4:30 बजे से सांझ 6:30 बजे तक चली। संस्थान 4 नवंबर के प्रवेश पत्र जारी करी।

Tags :
Bhojpuri NewsCAT 2024CAT 2024 Applicationeducation newsLast Chance For Rectiication in Errors
Advertisement
Next Article