For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

ITR Filing के आज अंतिम तारीख, टैक्स बॉडी मांगलख मोहलत, का अब 31 अगस्त होई लास्ट डेट? जानि पूरा खबर में

10:52 AM Jul 31, 2024 IST | Khabar Editor
itr filing के आज अंतिम तारीख  टैक्स बॉडी  मांगलख मोहलत  का अब 31 अगस्त होई लास्ट डेट  जानि पूरा खबर में
Advertisement

ITR Filing 2023-24 Last Date: आखिरी तारीख से पहिले अखिल भारतीय कर व्यवसायी महासंघ केंद्रीय प्रत्यक्ष कर बोर्ड से औपचारिक रूप से निहोरा कइले बा कि आयकर रिटर्न दाखिल करे के समय सीमा 31 अगस्त ले बढ़ावल जाव।

Advertisement

आज आयकर रिटर्न दाखिल करे के आखिरी तारीख (31 जुलाई) बा। अइसने में जदी रउरा अबहीं ले आईटीआर दाखिल नइखीं कइले तs रउरा लगे अबहीं अबहीं बाचल बा । हालांकि 31 जुलाई के बाद भी आईटीआर दाखिल कइल जा सकता बाकी एकरा खातीर रउवा शुल्क देवे के होई। वित्तीय वर्ष 2023-24 के आयकर रिटर्न (आईटीआर) दाखिल करे के अंतिम तिथि 31 जुलाई 2024 बा। आयकर विभाग कहत रहल बा कि एह तारीख ले करदाता आपन रिटर्न दाखिल करस ।

समाचार एजेंसी पीटीआई के रिपोर्ट के मुताबिक, अखिल भारतीय कर व्यवसायी महासंघ (एआईएफटीपी) केंद्रीय प्रत्यक्ष कर बोर्ड (सीबीडीटी) से आयकर रिटर्न दाखिल करे के समय सीमा 31 अगस्त तक बढ़ावे के औपचारिक निहोरा कईले बा। एकरा खातिर कर निकाय कई तरह के समस्या के हवाला देले बिया।

आखिरी तारीख पर कई गो चुनौती बा

सीए अभिषेक जैन कहले कि, जईसे-जईसे आईटीआर दाखिल करे के 31 जुलाई के समय सीमा नजदीक आवता, ओसही एकरा के बढ़ावे के मांग बढ़ता। एकरा संगे-संगे लास्ट मिनट के भागदौड़ के चलते फॉर्म 26एएस/एआईएस/टीआईएस तक पहुंच चुनौतीपूर्ण बा।” फिनकार्प कंसल्टिंग के एसोसिएट डायरेक्टर गौरव सिंह परमार कहले कि, ओटीपी सत्यापन में विफलता आ सत्यापन में त्रुटि के चलते बार-बार जमा करे के कोशिश के चलते दाखिल करे के प्रक्रिया मुश्किल हो जाला।

गौरव सिंह परमार कहले कि, हालांकि आईटीआर दाखिल करे के समय सीमा बढ़ावे के मामला से इनकार नइखे कइल जा सकत। बाकी , सरकार पछिला तीन साल से लगातार 31 जुलाई के समय सीमा तय कइले बिया, एहसे एकरा में ढील दिहल मुश्किल लागता। आयकर विभाग अउरी केंद्रीय प्रत्यक्ष कर बोर्ड के मुताबिक, 26 जुलाई तक 5 करोड़ से जादे आयकर रिटर्न दाखिल हो चुकल बा।

छूट गइल तs केतना पेनाल्टी?

जदी कवनो करदाता 31 जुलाई ले आईटीआर दाखिल ना करी तs ओकरा बाद ओकरा जुर्माना देबे के पड़ सकेला। लेट फीस के संगे आईटीआर दाखिल करे खातीर पांच हजार रुपया देवे के होई। जदी कवनो आदमी के सालाना आमदनी पांच लाख से कम बा तs ओकरा लेट फीस के रूप में एक हजार रुपया देवे के पड़ी।

Tags :
Advertisement