For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

टाटा स्टील के संस्थापक जेएन टाटा के जयंती काल, आजु रोशनी से सराबोर होई लौहनगरी, देखीं फोटो

11:02 AM Mar 02, 2024 IST | Minee Upadhyay
टाटा स्टील के संस्थापक जेएन टाटा के जयंती काल  आजु रोशनी से सराबोर होई लौहनगरी  देखीं फोटो
Advertisement

टाटा स्टील के संस्थापक जमशेदजी नसरवानजी टाटा के 185वां जयंती 3 मार्च के मनावल जाई। एहमें भाग लेबे खातिर शनिचर के दुपहरिया में टाटा सन्स के चेयरमैन चेयरमैन एन चंदशेखरन शहर अइहें।

Advertisement

एहिजा साँझ साढ़े छह बजे ऊ बटन दबा के जुबली पार्क के बिजली सजावट के उद्घाटन करीहें। एकरा संगे जुबली पार्क ही ना पूरा लौहनगरी रोशनी से सराबोर हो जाई।

एह मउका पs चेयरमैन के साथे मुंबई से टाटा ग्रुप के अउरी निदेशक मौजूद रहीहें। एहमें से कुछ लोग जुबली पार्क के रोशनी देखे अइहें त कुछ लोग 3 मार्च के टाटा स्टील के कंपनी परिसर में आयोजित मुख्य समारोह में शामिल होखी।

अध्यक्ष 3 मार्च के सबेरे करीब दस बजे बिष्टुपुर स्थित पोस्टल पार्क में शहर के निवासी के संबोधित करीहे। ध्यान रहे कि अबकी बेर भी टाटा सन्स के मानद चेयरमैन रतन टाटा स्वास्थ्य कारन से शहर नईखन आवत।

Tags :
Advertisement