टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

नाहीं रहले पाकिस्तानी एक्टर तलत हुसैन, रेखा संगे एs फिलिम में कइले रहले काम, भारत से रहल हs खास नाता

11:58 AM May 27, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

 

पाकिस्तानी दिग्गज अभिनेता तलत हुसैन अब नइखन. एह अनुभवी अभिनेता के लमहर बेमारी के बाद अतवार 26 मई के आखिरी साँस 83 बरीस के उमिर में भइल. पाकिस्तानी अभिनेता अदनान सिद्दीकी भी अपना एक्स प्लेटफॉर्म के माध्यम से मउत के पुष्टि कईले बाड़े। तलत हुसैन एगो शानदार अभिनेता होखे के अलावे क्रिकेट के मैदान में भी आपन ताकत देखवले रहले। अइसना में एह दिग्गज अभिनेता के निधन के खबर उनुका प्रशंसकन के झकझोर दिहले बा. तलत हुसैन बहुत दिन से बेमार रहले, जवना के चलते उनुका के कराची के एगो निजी अस्पताल में भर्ती करावल गईल।

अदनान सिद्दीकी के अलावे तलत हुसैन के निधन के खबर साझा करत अर्सलान खान लिखले- “पाकिस्तान के बेहतरीन अभिनेता में से एक तलत हुसैन अब एs दुनिया में नईखन। अल्लाह उनका के स्वर्ग में सबसे ऊँच स्थान दे। आमीन ." अर्सलान खान के जइसहीं ई पोस्ट देखले तलत हुसैन के प्रशंसकन में शोक के लहर चल गइल.

तलत हुसैन के जनम दिल्ली में भइल रहे

बता दीं कि 18 सितम्बर 1940 के जनमल तलत एगो मशहूर अभिनेता रहले. भले ही तलत हुसैन पाकिस्तानी अभिनेता रहले बाकीर भारत से भी उनकर गहिराह संबंध रहे। तलत हुसैन के जनम राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली में भइल रहे। बाकीर भारत पाकिस्तान के बंटवारा के बाद उनकर परिवार कराची शिफ्ट हो गईल| ऊ अपना अभिनय के जादू खाली पाकिस्तानी मनोरंजन जगत में ना बलुक बॉलीवुड फिलिमन में भी फइलवले.  रेखा, जया प्रादा आ जीतेन्द्र के साथे भी काम कइले। तलत हुसैन एह दिग्गज सितारन के साथे ‘सौतन की बेटी’ में काम कइले रहले.

रेखा-जितेन्द्र के साथे काम कइले बाड़े

तलत के समीक्षकन के प्रशंसित टीवी ड्रामा आ फिलिमन में भूमिका खातिर जानल जात रहे. ऊ “आंसू," "बंदिश," "अर्जुमंद," "देस परदेस," "ईद का जोरा," "तारिक बिन जियाद," "फनूनी लतीफ़ी," "हवेन” वगैरह में अपना भूमिका खातिर मशहूर बाड़न. तलत हुसैन के सबसे ज्यादा प्रसिद्धि ‘बंदिश’ धारावाहिक से मिलल। उनुका पीछे उनुकर पत्नी प्रोफेसर रक्षंदा हुसैन अवुरी उनुकर तीन बच्चा – दु बेटी अवुरी एगो बेटा – छोड़ गईल बाड़े।

 

 

Tags :
actorbollywoodEntertainmentPakistani Actortalat hussain
Advertisement
Next Article