For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

राजू पाल हत्याकांड में 6 आरोपियन के उम्रकैद, एगो आरोपी के 4 साल के सजा; अतीक-अशरफ नामजद रहे लो

03:05 PM Mar 29, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
राजू पाल हत्याकांड में 6 आरोपियन के उम्रकैद  एगो आरोपी के 4 साल के सजा  अतीक अशरफ नामजद रहे लो
Advertisement

बसपा विधायक राजू पाल हत्याकांड में लखनऊ के CBI कोर्ट सब 7 आरोपियन के दोषी करार देले बा। कोर्ट छह के उम्रकैद आ एक दोषी के चार साल के सजा सुनावल गइल बा। पुलिस हिरासत में मारल गइल अतीक अहमद आ भाई अशरफ राजू पाल हत्याकांड में नामजद रहे लो।

Advertisement

CBI के स्पेशल कोर्ट इसरार अहमद, रंजीत पाल, जावेद, गुलशन आ अब्दुल कवि के हत्या करे के दोषी करार देत उम्रकैद के सजा सुनवलस। संगही 50-50 हजार रुपिया के जुर्मनो लगवलस। ओहिजा, फरहान के अवैध असलहा रखे के ममिला में चार साल के कैद आ 20 हजार रुपिया जुर्माना के सजा सुनवले बा।

Tags :
Advertisement