For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

PM नरेंद्र मोदी के सभा में बम ब्लास्ट करे वाला आरोपियन के उम्र कैद

02:10 PM Sep 11, 2024 IST | Sonu Kishor
pm नरेंद्र मोदी के सभा में बम ब्लास्ट करे वाला आरोपियन के उम्र कैद
Advertisement

पटना हाईकोर्ट पटना के गांधी मैदान में नरेंद्र मोदी के रैली में बम विस्फोट करे वाला चारो आरोपियन के सजा के उमिर कैद में बदल दिहल गइल। चारो आरोपी के निचला अदालत फांसी के सजा सुनवलस। निचला अदालत हैदर अली, मोजीबुल्लाह, नोमन अवुरी इम्तियाज के फांसी के सजा सुनवले रहे, बाकिर हाईकोर्ट एह लोग के फांसी के सजा के बदल के उम्रकैद कऽ देलस। संगही, उमर अउरी अजहरुद्दीन के उम्रकैद के सजा देवे के निचला अदालत के फैसला के कायम रखले। आरोपी निचला अदालत के फैसला के पटना हाईकोर्ट में चुनौती देले रहले। 2014 के लोकसभा चुनाव से पहिले नरेंद्र मोदी पटना में हुंकार रैली के संबोधित करे आइल रहले, जवना में उनका संबोधन से पहिले आ संबोधन के दौरान बम विस्फोट भइल रहे।

Advertisement

एक के बाद एक कई गो विस्फोट भइल

गांधी मैदान में बम विस्फोट के ई घटना 27 अक्टूबर 2013 के भइल रहे। ओह घरी सभे दल लोकसभा चुनाव 2014 के प्रचार में व्यस्त रहे। एही दौरान नरेंद्र मोदी पटना पहुंच गइल रहले। गांधी मैदान में भाजपा के ओर से हुंकार रैली के आयोजन कइल गइल रहे। उऽ रैली के संबोधित करत रहले। एकरा संगे-संगे पहिला बम विस्फोट पटना जंक्शन के प्लेटफार्म नंबर 10 प इस्थित सुलभ शौचालय के नजदीक भइल। एकरा बाद गांधी मैदान आ ओकरा आसपास छह जगहा सीरियल बम विस्फोट भइल।

एमें 6 लोग के मौत हो गइल

एह धमाका में छह लोग के मौत हो गइल आ 89 लोग घायल हो गइल रहले। ए घटना के बाद बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार तत्कालीन गृहमंत्री सुशील कुमार शिंदे से एनआईए जांच के मांग कइले रहले। एनआईए ए मामला के सभ आरोपी के खिलाफ 2014 में आरोप पत्र दाखिल कइले रहे। एह मामला में 187 लोग के कोर्ट में गवाही देवे के काम कइल गइल।

Tags :
Advertisement