For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बाइक के तेल टंकी में छिपवले रहे शराब: गोपालगंज में पुलिस अइसे पकड़लस, एगो तस्कर गिरफ्तार

12:51 PM Nov 14, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
बाइक के तेल टंकी में छिपवले रहे शराब  गोपालगंज में पुलिस अइसे पकड़लस  एगो तस्कर गिरफ्तार
Advertisement

गोपालगंज के कुचायकोट थाना क्षेत्र के बलथरी चेकपोस्ट पs उत्पाद विभाग के टीम वाहन जांच के दौरान एगो बाइक से भारी मात्रा में विदेशी शराब बरामद कइले बिया। संगही एगो तस्कर के गिरफ्तार कइले बिया। पुलिस गिरफ्तार तस्कर के खिलाफ उत्पाद अधिनियम के तहत ममिला दर्ज कs के कार्रवाई में जुट गइल बिया।

Advertisement

उत्पाद विभाग के टीम कुचायकोट थाना क्षेत्र के बलथरी चेकपोस्ट पs वाहन जांच के दौरान यूपी से गोपालगंज आ रहल एगो बाइक सवार के रोकके जब ओकर तलाशी लेलस तs शराब तस्कर के तरीका देख के दंग रह गइल।

तस्कर अपना बाइक के टंकी में विदेशी शराब के टेट्रा पैक एह कदर छिपाके रखले रहे, जवना के पकड़ पावल मुश्किल रहे, बाकिर तेल के टंकी के खोलके देखलस तs छिपाकर रखल गइल 47 पीस विदेशी शराब के टेट्रा पैक बरामद कइल। संगही एगो तस्कर जिला के थावे थाना क्षेत्र के गोपलामठ गांव निवासी शिव नाथ राम के 24 बरस के बेटा सुजीत कुमार के हिरासत में ले लेलस।

पूछताछ के बाद न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल। उत्पाद अधीक्षक राकेश कुमार बतवलें कि शराब के खिलाफ हमनी अभियान लगातार जारी बा। बलथरी चेकपोस्ट से वाहन जांच के दौरान एगो तस्कर के गिरफ्तार कs के न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल बा। संगही शराब आ बाइक बरामद कइल गइल रहे।

साभार: दैनिक भास्कर

Tags :
Advertisement