For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

साहित्य: भोजपुरियांचल के नवहा कवि, गीतकार 'गणेश नाथ तिवारी विनायक'

02:25 PM Jan 20, 2024 IST | Minee Upadhyay
साहित्य  भोजपुरियांचल के नवहा कवि  गीतकार  गणेश नाथ तिवारी विनायक
Advertisement

भोजपुरियांचल के नवहा कवि, गीतकार गणेश नाथ तिवारी विनायक जी के एगो रचना: रामलला के अजोधा जी में आगमन पs..

Advertisement

बाइस के होई पूजनवा हो

सभे गावे भजनवा

पंडितजी वेद मंत्र ऊँचारे

सखी सहेली फूल माला सवांरे

22 जनवरी शुभ दिनवा हो

सभे गावे भजनवा

संगमरमर पत्थर से नेव रखाइल

भूमि पूजन इतिहास में लिखाइल

देखलस पूरा जमानवा हो

सभे गावे भजनवा

पावन धरती अयोध्या नगरिया

रामजी के बनल भव्य मंदिरिया

खुशियां मनवेला जहनवा

सभे गावे भजनवा

रघुवर के आजु भइल पगबन्दन

अनन्या गणेश कइले अभिनंदन

दियना जरवले भवनवा हो

सभे गावे भजनवा

रामजी के भइल पूजनवा हो

सभे गावे भजनवा

गणेश नाथ तिवारी"विनायक" के परिचय

गणेश नाथ तिवारी ‘विनायक’ पेशा से इंजिनियर बानी बाकिर भोजपुरी साहित्य से लगाव के कारने इहाँ के भोजपुरी में गीत कविता कहानी लिखत रहेनीं| भोजपुरी भासा से गहिराह लगाव राखे आला एगो अइसन मनई जेकर कलम जुवा सोच के बढिया सबदन में सजावेला|

Tags :
Advertisement