टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Lok Sabha Election 2024: महादेव के शहर में आज अइहें अमित शाह, 25 के प्रधानमंत्री मोदी

10:47 AM May 23, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Lok Sabha Election 2024: भाजपा सूत्रन के मोताबिक प्रधानमंत्री 25 मई के सांझ के काशी पहुंचीहें। उऽ सीधे बरेका ग्राउंड में हेलिकाप्टर से लैंड कऽ के रात्रि विश्राम करिहें। एकरा बाद उऽ अगिला दिन 26 मई के चुनावी सभा खातिर चल जइहें। ए तरे अमित शाह साँझि खा पुलिस लाइन मैदान में लैंड करिहें। एमें वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण आ सकत बाड़ी।

Advertisement

लोकसभा चुनाव 2024 के छठा आ सातवां चरण के मतदान एक जून के होखे के बा। एमें ज्यादातर सीट पूर्वांचल के बा। एकरा के देखत भाजपा पूरी ताकत झोंक देले बिया। इसी क्रम में केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह बियफे के आ प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी 25 मई के अइहें।

भाजपा सूत्रन के मोताबिक प्रधानमंत्री 25 मई के सांझ के काशी पहुंचीहें। उऽ सीधे बरेका ग्राउंड में हेलिकाप्टर से लैंड कऽ के रात्रि विश्राम करिहें। एकरा बाद उऽ अगिला दिन 26 मई के चुनावी सभा खातिर चल जइहें। ए तरे अमित शाह साँझि खा पुलिस लाइन मैदान में लैंड करिहें।

एकरा बाद उऽ ताज होटल में राती खा विश्राम करिहें। आवे वाला दिन में कई गो नेता लो के आवे के संभावना बा। एमें वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण आ सकत बाड़ी। उऽ व्यापारियन के सम्मेलन में भाग ले सकत बाड़ी। एही तरे मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ, उप मुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य आदि के आवे के सूचना बा।

भाजपा के अबही लक्ष्य पूर्वांचल के आजमगढ़, लालगंज, जौनपुर, मछलीशहर आ भदोही सीट पs स्टार प्रचारकन के उतारे के बा। एह पांच सीटन पs 23 मई के साँझ के चुनाव प्रचार थम जाई। ओकरा बाद पूर्वांचल के वाराणसी, चंदौली, सोनभद्र, मीरजापुर, बलिया, सलेमपुर, गाजीपुर आ घोसी सीटन पs एक जून के मतदान होखे के बा। एही सीटन खातिर स्टार प्रचारक मैदान में उतरिहें।

Tags :
Amit shahBanaras newsbjp upChunavChunav parcharKhabar Bhojpuri NewsNarendra ModiPoltics NewsUttar Pradesh electionuttar pradesh news
Advertisement
Next Article