टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

लोकसभा चुनाव में 538 सीटन पs डालल गइल आ गिनल गइल वोटन में अंतर, ADR के रिपोर्ट में दावा

10:55 AM Jul 30, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

लोकसभा चुनाव 2024 में 538 सीटन में पड़ल कुल वोटन आ गिनल गइल वोटन के संख्या में अंतर के दावा कइल गइल बा। ई दावा एसोसिएशन फॉर डेमोक्रेटिक रिफॉर्म्स (ADR) कइले बा।

Advertisement

एडीआर के संस्थापक प्रो. जगदीप छोकर सोमार के प्रेस क्लब में रिपोर्ट जारी करत दावा कइलें कि 362 सीटन पs डालल गइल कुल मतन से 5 लाख 54 हजार 598 वोट कम गिनल गइल बा। ओहिजा, ऊ आगे कहलें कि 176 सीटन पs डालल गइल कुल 35 हजार 93 वोट जादे गिनल गइल बा।

एडीआर रिपोर्ट के मोताबिक,साल 2019 के आम चुनाव के तुलना में 2024 के लोकसभा चुनाव में डालल गइल कुल मतन आ गिनल गइल वोटन के संख्या में बहुते अंतर बा।

वोटर्स के मन में चुनाव रिजल्ट के लेके आशंका : एडीआर

प्रो. जगदीप छोकर ने लोकसभा चुनाव में हो रहल गड़बड़ियन पs चिंता जाहिर करत कहलें कि एह चुनाव में मतदान के अंतिम आंकड़ा जारी करे में जादे देरी आ मतदान केंद्रन के अलग-अलग आंकड़न के अभाव आ अंतिम मिलान कइल गइल आंकड़न के आधार पs चुनाव परिणाम जारी कइल बा की ना? ई सब सवाल देस के जनता के मन में उठ रहल बा।

कइयन गो सवालन के जवाब देवे में चुनाव आयोग असमर्थ: एडीआर

एडीआर के रिपोर्ट में दावा कइल गइल बा कि चुनाव आयोग के ओर से काउंटिंग के आखिरी डेटा के अब तक जारी नइखे कइल गइल। ओहिजा, आयोग अब तक डालल गइल वोट आ गिनल गइल वोट में अंतर पs जवाब देवे में असमर्थ बा। मत प्रतिशत में बढ़न्ती कइसे भइल बा। एकर जानकारी अब तक सामने नइखे आइल।

रिपोर्ट में कहल गइल बा कि आम चुनाव 2024 के परिणामन में 538 संसदीय क्षेत्रन में डालल गइल आ गिनल गइल मतन में कइयन गो विसंगति सामने आइल, अमरेली, अत्तिंगल, लक्षद्वीप आ दादरा नगर हवेली दमन दीव के छोड़के।

सूरत संसदीय सीट पs कवनो मुकाबला ना रहे

रिपोर्ट में कहल गइल बा, “सूरत संसदीय सीट पs कवनो मुकाबला ना रहे। एहिसे 538 संसदीय सीट पs कुल 5,89,691 मतन के विसंगति बा।”

स्वतंत्र पत्रकार पूनम अग्रवाल ने प्रेस वार्ता में कहली कि डालल गइल मतन आ गिनल गइल मतन के आंकड़न के विश्लेषण कइला पs उनको एकदम बिल्कुल इहे परिणाम मिलल।

बता दीं कि चुनाव आयोग सात जून के लोकसभा चुनाव 2024 में कुल वोटिंग के आंकड़ा जारी कइले रहे। अबकी बेर कुल मिलाके 65.79 प्रतिशत मतदान दर्ज कइल गइल। ई 2019 चुनाव के मुकाबले 1.61 प्रतिशत कम बा। पिछला बेर कुल आंकड़ा 67.40 प्रतिशत रहे।

रिपोर्ट में साल 2019 के लोकसभा चुनाव के जिकिर करत  कहल गइल कि 195 सीटन पs डालल गइल मतन आ काउंटिंग कइल गइल मतन में कवनो प्रकार के विसंगति बा रहे। बता दीं कि एह लोकसभा चुनाव में भाजपा के 240 सीट मिलल रहे। ओहिजा, कांग्रेस के 99 सीट मिलल रहे।

Tags :
ADR VotesBhojpuri NewsDifference in Polled and Counted Votesloksabha election 2024
Advertisement
Next Article