टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

वोटिंग के पॉजिटिव खबर: शादी खातीर तइयार भइल दूल्हा चहुंप गइल मतदान करे

12:57 PM Apr 26, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

लोकसभा चुनाव 2024 के दुसरका चरण के वोटिंग चल रहल बा। महाराष्ट्र के आठ सीट पs मतदान चलता। एही बीच अमरावती के एगो मतदान केंद्र से एगो सुखद तस्वीर सामने आईल बा। एगो युवक अपना बियाह के दिन वोट देवे खातीर समय निकालले अवुरी मतदान बूथ पs मतदान के बाद सभके वोट देवे खाती भी प्रेरित कईले। उनुका संगे दूल्हा के परिवार के लोग भी मौजूद रहले। वोट डालला के बाद आकाश कहले कि दुनो बात जरूरी बा, लेकिन शाम के वोट देवे के समय ना मिलल, एहसे उs सबेरे आ गईले।

आकाश नाम के एगो दूल्हा महाराष्ट्र के अमरावती लोकसभा सीट पs वड़ापुरा में मतदान के बाद कहले कि, "बियाह के रस्म जरूरी बा, लेकिन मतदान भी जरूरी बा। आज दुपहर 2 बजे बियाह होखे वाला बा।" एही कारण से आकाश बियाह के रस्म से पहिले वोट देवे के फैसला कईले।

94 साल के दादी भी वोट देली

हिंसाग्रस्त पूर्वोत्तर राज्य मणिपुर में भी 94 साल के दादी वोट देवे आईल रहली। चुनाव आयोग 85 साल से ऊपर के लोग के घर में मतदान के सुविधा देले बा, लेकिन मणिपुर में भईल हिंसा के चलते हजारों परिवार प्रभावित भईल बाड़े अवुरी सरकार के ओर से चलावल गईल अस्थायी शिविर में भारी संख्या में लोग रहतारे। अयीसना में घर में मतदान के सुविधा दिहल संभव ना रहे।19 अप्रैल के पहिला चरण के मतदान के दौरान मणिपुर में हिंसा भईल। 11 गो मतदान केन्द्रन में फेर से मतदान करावे के पड़ल।

दूसरे चरण में 88 सीटन पs मतदान

लोकसभा चुनाव के दुसरका चरण में कुल 88 सीट पs मतदान हो रहल बा। एकरा से पहिले 13 राज्य के 89 सीट पs मतदान होखे के रहे, बाकिर मध्य प्रदेश के बैतूल में बहुजन समाज पार्टी के उम्मीदवार के मउत के चलते इहाँ तीसरा चरण में मतदान होई। महाराष्ट्र में 48 गो लोकसभा सीट बाड़ी सँ आ एहमें से आठ गो सीट पs दुसरका चरण में मतदान चलत बा। इहाँ बुलढाना, अकोला, अमरावती, वर्धा, यवतमाल-वसीम, हिंगोली अवुरी परभनी सीट पs मतदान हो रहल बा।

 

 

 

Tags :
AmravatiLok Sabha Election 2024Lok Sabha Elections 2024MaharashatraPositive News
Advertisement
Next Article