For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Lok Sabha Election 2024: लोकसभा चुनाव के काल होई एलान, चुनाव आयोग दुपहरिया में 3 बजे करी प्रेस कॉन्फ्रेंस

01:23 PM Mar 15, 2024 IST | Sonu Kishor
lok sabha election 2024  लोकसभा चुनाव के काल होई एलान  चुनाव आयोग दुपहरिया में 3 बजे करी प्रेस कॉन्फ्रेंस
Advertisement

Lok Sabha Election 2024: लोकसभा चुनाव के तारीख के लेके काल चुनाव आयोग 3 बजे प्रेस कॉन्फ्रेंस करे वाला बा। ए बात के जानकारी खुद चुनाव आयोग देले बा। आम चुनाव 2024 के साथे कुछ राज्य विधानसभा के कार्यक्रम के घोषणा करे खातिर चुनाव आयोग द्वारा प्रेस होई। एकरा के ECI के सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म पऽ लाइव स्ट्रीम कइल जाई।

Advertisement

पिछला बेर 10 मार्च के भइल रहें घोषणा

एकरा पिछिलका 2019 के चुनाव के घोषणा 10 मार्च के हो गइल रहें। चुनाव आयोग 2019 में लोकसभा चुनाव के एलान ऐतवार के कइले रहें, बाकिर अबकी बेर  सनिचर के एकर घोषणा होई।

6 से 7 चरन में हो सकत बा चुनाव

पिछला बेर लोकसभा चुनाव 7 चरणों में संपन्न भइल रहें। एहू बेर संभावना बा कि चुनाव 6 से 7 चरन में हो सकत बा।

दुनु चुनाव आयुक्त लो आज पदभार संभऽलस

आम चुनाव के एलान से पहिले आज दुनु नवनियुक्त चुनाव आयुक्त लो पदभार ग्रहण कइले बा। नवनियुक्त चुनाव आयुक्त ज्ञानेश कुमार आ सुखबीर सिंह संधू के स्वागत मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार कइले। पूर्व नौकरशाह लो के बियफे के चुनाव आयुक्त नियुक्त कइल गइल रहें।

आयोग में दुनु पद हालहीं में अरुण गोयल के इस्तीफा देवे आ अनूप चंद पांडेय के 14 फरवरी के सेवानिवृत्त होखे के चलते खाली हो गइल रहें।

Tags :
Advertisement