टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Lok Sabha Election 2024 : जेडीयू के ओर से 16 उम्मीदवारन के नाम जारी, लवली आनंद के सीट फाइनल, सीवान सांसद कविता सिंह बेटिकट 

07:13 AM Mar 25, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

Bihar News: अतवार के नीतीश कुमार के पार्टी जदयू आवे वाला लोकसभा चुनाव खातिर अपना 16 उम्मीदवारन के नाम जारी कइलस। राजीव रंजन (ललन) सिंह मुंगेर से आ लवली आनंद शिवहर से चुनाव लड़िहें। ओहिजा, एकरा अलावे सुनील कुमार बाल्मिकी नगर से लड़िहें। सीतामढ़ी से देवेश चंद्र ठाकुर, झांझारपुर से रामप्रीत मंडल लड़िहें चुनाव। एकरा अलावे भागलपुर से अजय कुमार मंडल चुनाव लड़िहें।

Advertisement

एकरा अलावा सुपौल से दिलेश्वर कामत चुनाव लड़िहें। किशनगंज से मुजाहिद आलम के टिकट दिहल गइल बा। ओहिजा, कटिहार से दुलालचंद्र गोस्वामी मैदान में उतरिहें। पूर्णिया से संतोष कुमार चुनाव लड़िहें। ओहिजा, मधेपुरा से दिनेश चंद्र यादव चुनाव लड़िहें। गोपालगंज से डॉक्टर आलोक कुमार सुमन चुनाव लड़िहें। सिवान से विजयालक्ष्मी देवी चुनाव लड़िहें।

भागलपुर से अजय कुमार मंडल के टिकट मिलले बा। ओहिज , गोपाल मंडल खाली हाथ रह गइलें। बांका से गिरिधारी यादव के टिकट मिलल बा। नालंदा से कौशलेंद्र कुमार के उतारल गइल बा। चंद्रेश्वर शाह के जहानाबाद से टिकट मिलल बा।

दुगो सीटन पs सिटिंग एमपी के टिकट कटल

जवना सीटन पs मवजूदा सांसदन के हटा दिहल गइल बा, ऊ सीट बा-सीतामढ़ी, जहां विधान परिषद के अध्यक्ष देवेश चंद्र ठाकुर जदयू के उम्मीदवार होइहें। उहां से सुनील कुमार पिंटू के टिकट काट दिहल गइल बा। सीवान से विजय लक्ष्मी कुशवाहा के पति रमेश सिंह कुशवाहा के संगे पार्टी में सामिल होखला के ठीक एक दिन बाद टिकट मिलल। सीवान से कविता सिंह 2019 में बाजी मार पहिला महिला सांसद बनल रहली।

Tags :
Bhojpuri Newsbihar newsJDU Candidate ListJDU Candidates AnnouncedLok Sabha Election 2024: Names of 16 candidates released by JDULoksabha Elections 2024Lovely Anand's seat finalSiwan MP Kavita Singh ticket
Advertisement
Next Article