टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Lok Sabha Election 2024: मतदाता असली हउअन भा फर्जी दू रूपिया में चली पता, चुनाव आयोग कइले बा जबरदस्त तइयारी 

11:29 AM Apr 19, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Lok Sabha Election 2024: फर्जी मतदाता के दावा करे वाला पोलिंग एजेंट आ आउर लोग के पीठासीन अधिकारी से संपर्क करे के होई। पीठासीन अधिकारी मतदाता से उनकर नाम पिता के नाम पता घर में कतना वोटर बाड़े आदि कई बिंदुअन के बारे में पूछताछ करी। संतुष्टि न होखला पऽ उऽ सांच आ झूठ के पहचान करे खातिर क्षेत्र के पार्षद भा प्रधान के बोला के मतदाता के बारे में गवाही लिहि।

Advertisement

ग्रेटर नोएडा। गौतमबुद्ध नगर लोकसभा में दूसरका चरण के तहत 26 अप्रैल के करीब 26 लाख 75 हजार मतदाता अपना मताधिकार के उपयोग करिहें।

मतदान के दिने मतदान केंद्र पऽ अक्सर फर्जी मतदाता के शिकायत पोलिंग एजेंट से लेके अन्यो लोग करेला। चुनाव आयोग मतदान के दिन फर्जी मतदाता पहचाने खातिर गाइडलाइन जारी कइले बिया

एमें व्यवस्था कइल गइल बा कि कवनो प्रत्याशी के एजेंट फर्जी मतदाता के पता लगावे खातिर दू रूपिया के रसीद कटवा के ओकरा के चैलेंज कर सकत बा। दू रूपिया के खर्च कइला पऽ पता चल जाई कि मतदाता असली हऽ भा फर्जी।

संतुष्टि ना होखला पऽ उऽ सच आ झूठ के पहचान करे खातिर क्षेत्र के पार्षद भा प्रधान के बोला के मतदाता के बारे में गवाही लिहे।

यदि मतदाता ई साबित कर दिहे कि उहे असली मतदाता हउअन, तबे उनका के वोट डाले के मौका मिलल आ जदि उऽ अइसन नइखन  कर पावत तऽ उनका के फर्जी मतदाता मान के उनका खिलाफ केस दर्ज करावल जा सकत बा।

टेंडर बैलेट पत्रों के लिहल जा सकत बा सहारा

जदि कवनो मतदाता केंद्र पऽ आपन वोट डाले पहुंचता , बाकिर ओकरा से पहिलहीं केहू ओकरा नाम से वोट डाल चुकल बा तऽ उऽ टेंडर वोट के सहारा ले सकत बा। एकरा खातिर उनका पीठासीन अधिकारी के लगे जाए के होई। जदि मतदाता सूची में नाम होई तऽ पीठासीन अधिकारी एक प्रपत्र पर मतदान करइहें।

एकरा बाद उऽ मतपत्र के लिफाफे में बंद कर दिहल जाई। मतगणना के समय कम वोट के अंतर से हार-जीत के स्थिति में अइसन वोट के गणना कइल जाला। एकरा के टेंडर वोट कहल जाला।

पीठासीन अधिकारियन के मतदान के समय मिले वाला किट में टेंडर बैलेट पत्र दिहल जाला आ चुनाव अधिकारियन के मतदान खत्म होखला के बाद एकर ब्योरा आयोग के देवे के होला। ई वोट बैलेट पेपर से पड़ेला।

मतदानकर्मियन के ट्रेनिंग के दौरान चुनाव आयोग के सब गाइडलाइन से अवगत करावल जा रहल बा। मतदान वाला दिन चुनाव आयोग के सब नियमन के पालन होई। - अतुल कुमार,उपजिला निर्वाचन अधिकारी

 

 

Tags :
2024 electionBjp loksabhaChief Election CommissionerChunavChunav 2024Loksabha ElectionsLoksabha Elections 2024
Advertisement
Next Article