For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Lok Sabha Election 2024: 'हमनी के लगे चुनाव लड़े तक के पईसा नइखे बचल', कांग्रेस अध्यक्ष के छलकल दर्द; केंद्र पs सधलें निशाना 

11:57 AM Mar 14, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
lok sabha election 2024   हमनी के लगे चुनाव लड़े तक के पईसा नइखे बचल   कांग्रेस अध्यक्ष के छलकल दर्द  केंद्र पs सधलें निशाना 
Advertisement

Lok Sabha Election 2024 : लोकसभा चुनाव में अब कुछे हफ्ता बाकी बचल बा आ ओकरा पहिले कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे कांग्रेस के बदहाली के संकेत देले बाड़ें। खरगे संकेत देलें कि पार्टी धन के कमी के सामना कs रहल बिया आ आरोप लगवले कि जवना बैंक खातन में लोगन कावर से दान कइल पईसा रखल गइल रहे, ओकरा के भाजपा के नेतृत्व वाली केंद्र सरकार फ्रीज कs देले बिया।

Advertisement

लोगन से कइलें खास अपील

खड़गे (Mallikarjun Kharge on BJP) कहलें कि आयकर विभाग के ओर से पार्टी पs जुर्माना लगावल गइल बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ भाजपा पs निशाना साधत खड़गे लोगन से देस में संविधान आ लोकतंत्र के "बचावे" खातिर आवे वाला लोकसभा चुनावन में एक संगे मजबूती से खड़ा होखे आ उनका पार्टी के जीत सुनिश्चित करे के आह्वान कइलें।

भाजपा पs सधलें निशाना

ई कहते ऊ कहलें कि चुनाव में सबका समान अवसर मिले के चाहीं, खड़गे भाजपा पs कांग्रेस के बैंक खातन के फ्रीज करे आ आयकर के माध्यम से पार्टी पs भारी जुर्माना लगावे के आरोप लगवलें। खरगे कहलें कि भाजपा खुद चुनावी बांड के माध्यम से मिलल हजारन करोड़ रुपिया के खुलासा करे खातिर तइयार नइखे।

चुनावी बांड के सांच बतावे भाजपा

कांग्रेस अध्यक्ष आगे कहलें कि ई हमनी के पार्टी के पैसा रहे। जवन आम लोग दान में देले रहे। ऊ कहलें कि एकरा के भाजपा के केंद्र सरकार फ्रीज कs देले बिया आ हमनी के लगे अब खर्च करे खातिर पईसा नइखे, जबकि भाजपा चुनावी बांड के बारे में खुलासा नइखे कs रहल, काहेकि ओकर डर सता रहल बा।

पिछला चुनाव हारल रहस खरगे

खरगे इहो दावा कइलें कि कालाबुरागी (गुलबर्गा) के लोग अबकी बेर कांग्रेस को जिताई। बता दीं कि 2019 के चुनाव में खरगे के इहां से भाजपा के उमेश जाधव 95,452 वोटन के अंतर से हरवले रहे। कइयन दशकन के राजनीतिक जिनगी में ई खरगे के ई पहिलका चुनावी हार रहे।

अइसन अटकल लगावल जा रहल बा कि राष्ट्रीय स्तर पs पार्टी के प्रबंधन आ इंडिया ब्लॉक के संगे समन्वय के भूमिका निभावे वाला खरगे लोकसभा चुनाव नइखन लड़ सकत आ एकरा बजाय, पार्टी उनकर दामाद राधाकृष्ण डोड्डामणि के मैदान में उतार सकत बिया।

Tags :
Advertisement