टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Lok Sabha Election: 'हिम्मत बा तऽ वाराणसी से चुनाव लड़स राहुल गांधी', पीयूष गोयल कांग्रेस नेता के देले बड़ चुनौती

07:16 PM Apr 27, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Lok Sabha Election: केंद्रीय मंत्री आ भाजपा नेता पीयूष गोयल कांग्रेस नेता राहुल गांधी के चुनौती देले। पीयूष गोयल कहले जदि राहुल गांधी उत्तर मुंबई सीट से चुनाव लड़ल चाहत बाड़े तऽ हम खुला दिल से उनकर स्वागत करत बानी। उऽ चुनाव लड़ल चाहत बाड़े तऽ उऽ अमेठी से चुनाव लड़ सकत बाड़े आ जदि उनका में हिम्मत बा तऽ उनका वाराणसी से चुनाव लड़े के चाही। उनका 4-5 सीटन से चुनाव लड़े के चाही।

Advertisement

लोकसभा चुनाव के बीच केंद्रीय मंत्री आ भाजपा नेता पीयूष गोयल कांग्रेस नेता राहुल गांधी के चुनौती देले। शनिचर के मुंबई के दहिसर वेस्ट में एगो प्रेस कॉन्फ्रेंस के दौरान पीयूष गोयल राहुल गांधी के अमेठी, मुंबई आ वाराणसी से चुनाव लड़े के चुनौती देले। बता दी की भाजपा पीयूष गोयल के उत्तर मुंबई लोकसभा क्षेत्र से चुनावी मैदान में उतरल बाड़े।

4-5 सीटन से चुनाव लड़े के चाही'

पीयूष गोयल कहले , ' जदि राहुल गांधी उत्तर मुंबई सीट से चुनाव लड़े के चाहऽ ताड़े तऽ हम खुला दिल से उनकर स्वागत करऽ तानी। जदि उऽ चुनाव लड़े के चाहऽ ताड़े उऽ अमेठी से चुनाव लड़ सकत बाड़न आ जदि उनका में हिम्मत बा तऽ उनका वाराणसी से चुनाव लड़े के चाही। उनका 4-5 सीटन से चुनाव लड़े के चाही काहेकि उऽ वायनाड में हार रहल बाड़न आ स्मृति ईरानी उनका के अमेठी में बुरा तरीका से हरइहें'

राहुल गांधी श्री राम के अस्तित्व के नकरले

पीयूष गोयल आगे कहले कि ' जदि उऽ (राहुल गांधी) अयोध्या जाए के चाहऽ ताड़े तऽ जास, ई अलग बात बा कि उऽ श्री राम के अस्तित्व के नकार देले रहले आ रामसेतु के नष्ट करे के योजना बनवले रहले। उनका उहाँ जाए के चाही आउर जवन कुछ उनकर नेता लो कहले बा  ओकरा खातिर माफी माँगे के चाही।

Tags :
Chunav 2024Loksabha ElectionsLoksabha Elections 2024Piyush GoelRahul gandhi
Advertisement
Next Article